टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Kargil Vijay Diwas: 4 जुलाई के Tiger Hill जीतले के बाद 26 जुलाई के ही काहें मनावल जाला कारगिल दिवस?

09:38 AM Jul 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

भारत में 26 जुलाई के कारगिल विजय दिवस के रूप में मनावल जाला। पाकिस्तान के घुसपैठ आ हमला के उचित जवाब देत देश के सैकड़न जवान आपन जान दे दिहले. का रउवा जानत बानी कि भारतीय सेना कारगिल युद्ध के सबसे महत्वपूर्ण चोटी टाइगर हिल पs खुद 4 जुलाई के कब्जा के लेले रहे| बाकिर एकरा बावजूद कारगिल विजय दिवस खाली 26 जुलाई के काहे मनावल जाता?

26 तारीख के कारगिल दिवस काहे मनावल जाला?

ब्रिगेडियर (रिटायर्ड) खुशाल ठाकुर कारगिल युद्ध के हिस्सा रहले। युद्ध के समय उs 18 ग्रेनेडियर्स में कर्नल रहले। बता दीं कि कारगिल के महत्वपूर्ण चोटी टाइगर हिल पs मात्र 18 गो ग्रेनेडियर कब्जा कs लेले रहे| खुशाल ठाकुर बतवले कि टाइगर हिल के जीत के बाद नवाज शरीफ डर से अमेरिका गईले अवरू युद्धविराम के बात करे लगले बाकिर तत्कालीन प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी कहले – जब ले हमनी के एक-एक सीमा चौकी से एs पाकिस्तानी के भगा ना देब जा तब ले रुकले के नाम नाहीं” आ फेर 26 जुलाई के सगरी घुसपैठियन के भगा दिहल गइल. इहे कारण बा कि कारगिल विजय दिवस 26 जुलाई के मनावल जाला।

युद्ध के बीच कारगिल पहुंचले नरेंद्र मोदी

एकरा संगे पीएम मोदी अवुरी खुशाल ठाकुर एगो अवुरी रोचक जानकारी भी पेश कईले बाड़े। उs बतवले कि वर्तमान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ओ समय ना तs मुख्यमंत्री रहले अवुरी ना कवनो अवुरी महत्वपूर्ण पद पs रहले। एतना फायरिंग के बीच जवानन के मनोबल बढ़ावे खातिर उs सादा तरीका से कारगिल आईल रहले अवुरी अस्पताल ले जाके जवान से मिले गईल रहले।

 

 

,

Tags :
Atal Bihari Vajapayeeindian armyKargil MartyrKargil Vijay diwasKargil War
Advertisement
Next Article