टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Indian Bank Apprentice 2024: इंडियन बैंक में अप्रेंटिसशिप के सानदार मवका! ग्रेजुएट बानी तs तुरंत करीं आवेदन

10:20 AM Jul 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

Indian Bank Apprentice Recruitment 2024: बैंकिंग के क्षेत्र में करियर बनावे के चाह रखे वालन खातिर जरूरी खबर बा। दरअसल, इंडियन बैंक अप्रेंटिस पदन पs भर्ती खातिर योग्य उम्मीदवारन से आवेदन आमंत्रित कइल गइल बा। जोग्य उम्मीदवार इंडियन बैंक के आधिकारिक वेबसाइट (indianbank.in.) के माध्यम से ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो।

Advertisement

एह भर्ती अभियान के तहत संगठन में 1500 अप्रेंटिस पदन के भरल जाई। पंजीकरण प्रक्रिया सुरू हो चुकल बा आ 31 जुलाई, 2024 के बंद होई।

पात्रता मापदंड

जे उम्मीदवार एह पदन खातिर आवेदन कइल चाहत बा, उनका लगे कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से कवनो विषय में स्नातक के डिग्री भा केंद्र सरकार के ओर  से मान्यता प्राप्त कवनो समकक्ष योग्यता होखे के चाहीं। उम्मीदवारन के 31.03.2020 के बाद स्नातक के डिग्री पूरा करे के चाहीं आ उत्तीर्ण होखे के प्रमाण पत्र होखे के चाहीं।

उम्मीदवार के आयु सीमा 20 से 28 वर्ष के बीच होखे के चाहीं। हालांकि, भारत सरकार के दिशा-निरदेसन के अनुसार एससी/एसटी/ओबीसी/पीडब्ल्यूबीडी आदि श्रेणियन खातिर ऊपरी आयु सीमा में छूट लागू बा।

चयन प्रक्रिया

आवेदन शुल्क

सामान्य/ओबीसी/ईडब्ल्यूएस श्रेणी खातिर आवेदन शुल्क 500 रुपिया बा। एससी/एसटी/पीडब्ल्यूबीडी श्रेणी के उम्मीदवारन के आवेदन शुल्क के भुगतान से छूट दिहल गइल बा। उम्मीदवार के आवेदन शुल्क/सूचना शुल्क के ऑनलाइन भुगतान खातिर बैंक लेनदेन शुल्क वहन करे के होई। शुल्क के भुगतान ऑनलाइन कइल जाये के चाहीं।

Tags :
apprenticeBhojpuri NewsEligibilityGraduate May ApplyIndian BankIndian Bank Apprentice 2024
Advertisement
Next Article