टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

T20 World cup: विराट कोहली के मिलल आईसीसी वनडे प्लेयर ऑफ द ईयर 2023 के पुरस्कार

11:02 AM Jun 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भारतीय बल्लेबाज विराट कोहली के आईसीसी वनडे प्लेयर ऑफ द ईयर 2023 से नवाजल गइल बा। विराट के न्यूयॉर्क में कैप पहनावल गइल। भारतीय टीम टी20 विश्व कप में हिस्सा लेवे खातिर अमेरिका में मवजूद बिया। कोहली एह वैश्विक टूर्नामेंट में भारतीय टीम के अहम खिलाड़ी बिया आ टीम के उनका से बेहतरीन पारी के उम्मीद बा। कोहली टूर्नामेंट में खेले खातिर न्यूयॉर्क में भारतीय टीम के संगे जुड़ गइल बाड़े।

Advertisement

आईसीसी शेयर कइलस वीडियो

अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) सोशल मीडिया पs एगो वीडियो शेयर कइलस। जेमे कोहली के उपलब्धियन  के देखावल गइल बा। वीडियो में लउक रहल बा कि कोहली के अवॉर्ड के कैप दिहल गइल बा। कोहली के ई पुरस्कार 2023 में वनडे प्रारूप में उनका सानदार प्रदर्शन खातिर मिलल बा।

कोहली कइले रहस दमदार प्रदर्शन

कोहली पिछला साल दमदार प्रदर्शन कइले रहस आ 2023 में खेलल 27 वनडे मैचन में 1377 रन बनववले रहस। एह दौरान ओकर औसत 72.47 आ स्ट्राइक रेट 99.13 रहल रहे। ऊ पिछला साल कुल छव शतक आ आठ अर्धशतक जड़ले रहस, जबकि उनकर सर्वाधिक निजी स्कोर नाबाद 166 रन रहल रहे। कोहली पिछला साल एशिया कप में भारत के जीत में अहम जोगदान देले रहस।

ऊ पाकिस्तान के खिलाफ सुपर फोर चरण में 94 गेना पs नाबाद 122 रन के पारी खेलले रहस। एकरा बाद वनडे विश्व कप में कोहली के बल्ला जमके बोलल रहे। कोहली भारत में खेलल गइल 2023 वनडे विश्व कप के 11 मैचन में 765 रन बनवले रहस। जेमे तीन शतक आ छव गो अर्धशतक सामिल रहे। उनकर टूर्नामेंट में सर्वश्रेष्ठ स्कोर 117 रन रहे।

एह प्रदर्शन के दम पs कोहली टूर्नामेंट में सर्वाधिक रन बनावे वाला बल्लेबाज बनल रहस आ ऊ एगो विश्व कप में सबसे जादे रन बनावे के ममिला में सचिन के पीछे छोड़ देले रहस। सचिन ने 2003 विश्व कप में 673 रन बनवले रहस। एकरा अलावे कोहली सचिन तेंदुलकर के वनडे में 49 शतक के रिकॉर्ड के पीछे छोड़त एह प्रारूप में आपन 50वां शतक जड़ले रहस। कोहली ई कारनामा न्यूजीलैंड के खिलाफ सेमीफाइनल मुकाबला में कइले रहस।

Tags :
Bhojpuri NewsICC One Day Player of the YearT-20 World Cup 2024VIRAT KOHLI
Advertisement
Next Article