टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भारतीय नौसेना हिंद महासागर में 23 पाकिस्तानियन के बचवलस : ईरानी जहाज के सोमालिया समुद्री लुटेरन से रेस्क्यू कइलस; 12 घंटा चलल ऑपरेशन

03:33 PM Mar 30, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भारतीय नौसेना के वॉरशिप INS सुमेधा सुक (29 मार्च) के ईरानी फिशिंग वेसल अल-कंबर से 23 पाकिस्तानी नागरिकन के सोमालिया के समुद्री लुटेरन से रेस्क्यू कइलस। नेवी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs बतवलस कि सुक के सांझ के ओकर टीम के हिंद महासागर में अदन के खाड़ी के ल​गे जहाज के हाईजैक होखे के सूचना मिलल र​हे।

Advertisement

जहाज में सोमालिया के नव गो समुद्री लुटेरा सवार र​हलें सs। ई जहाज यमन के सोकोट्रा द्वीप से साउथ-वेस्ट में करीब 166 किमी के दूरी पs र​हे। हाइजैक के अलर्ट मिलतही भारतीय नौसेना आपन युद्धपोत INS सुमेधा के ईरानी जहाज के रोके खातिर रवाना कइलस।

नौसेना के दुगो युद्धपोत 12 घंटा चलवलस ऑपरेशन, नौ लुटेरा सरेंडर कइलें सs 

एकरा बाद दूसरका युद्धपोत INS त्रिशूल के मदद से नेवी जहाज के लुटेरन से रेस्क्यू कइलस। नौसेना के टीम 12 घंटा तक ऑपरेशन चलाके लुटेरन के सरेंडर करे खातिर मजबूर कइलस।

पिछला साल अक्टूबर में इजराइल-हमास जंग सुरू होखे के बाद से अरब सागर में सोमालिया के लुटेरन के तरफ से जहाज के हाईजैक करे के ममिला बढ़त जा रहल बा। एह परs  काबू पावे खातिर भारतीय नौसेना अरब सागर में युद्धपोतन के तैनाती बढ़ा देले बिया।

Tags :
23 Pakistani in Indian OceanBhojpuri NewsIndian NavyIndian Navy rescues 23 Pakistanis in Indian Ocean: Somalia rescues Iranian ship from pirates; The operation lasted 12 hoursShip HijackSomalia Hijack ship
Advertisement
Next Article