घना कुहासा के कारन आजुओ लेट बा कई गो ट्रेन, फ्लाइट सेवा पs भी असर, यात्री लो बयां कईले दरद
दिल्ली समेत देश के कई राज्यन में अबहियो घना कोहरा चलत बा। घन कोहरा के चलते आज भी ट्रेन अवुरी उड़ान सेवा प्रभावित भईल बा। पूरा उत्तर भारत में घना कोहरा के चलते बहुत ट्रेन लेट चल रहल बाड़ी सs। एकरा चलते यात्री के समस्या के सामना करे के पड़ता। दिल्ली रेलवे स्टेशन के सवारी राजू कुमार कहले कि, हमरा असम जाए के रहे लेकिन इहाँ अईला के बाद हमरा पता चलल कि हमार ट्रेन कैंसिल हो गईल बा। रद्द करे के कवनो कारण ना बतावल गइल। हमरा के बतावल गइल बा कि काल्हु ट्रेन चल जाई।
यात्री कुल बयां कइलस दरद
एगो अवुरी यात्री प्रशांत कहले कि, "अबकी ट्रेन बहुत देर से आईल। जब से हमार ट्रेन दीन दयाल उपाध्याय स्टेशन पs पहुंचल तब से धीरे-धीरे चलत रहे। ट्रेन काल्ह दुपहरिया 3:30 बजे पहुंचे के रहे, लेकिन आधा रात के 12 बजे पहुँचल।एही से रात में इहाँ रुकल रहनी।इहाँ यात्री लोग खातिर रुके के सुविधा ना रहे।ट्रेन 8 घंटा से जादा लेट हो गईल।
#WATCH | Delhi: On delayed trains, a passenger Prashant Kumar says, "The trains are later than usual this time... Nandankanan Express coming to Delhi from Bhubaneswar was supposed to reach at 3.30 pm but it reached Delhi at 12.30 am..." pic.twitter.com/qOkWpSTwyu
— ANI (@ANI) December 29, 2023
दिल्ली एयरपोर्ट से कई उड़ान देर से
एकरा संगे दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs घना कोहरा के चलते बहुत उड़ान में देरी होखे के खबर बा। हवाई अड्डा यात्रियन खातिर एगो सलाह जारी कइले बा। आईजीआई हवाई अड्डा पs आजु कोहरा के स्थिति में काफी सुधार भईल मौसम विभाग बतवले बा । आज सबेरे घना कोहरा में सबसे कम 150 मीटर आ रनवे विजुअल रेंज (आरवीआर) 400 मीटर से 800 मीटर के बीच रहल।
#WATCH | Delhi: Few flights delayed due to fog and low visibility in the national capital; Visuals from Indira Gandhi International Airport pic.twitter.com/mlCrrZ7QlT
— ANI (@ANI) December 29, 2023
उड़ान में कई घंटा के देरी
उड़ान के देरी पs एगो यात्री मोहम्मद शाहरुख कहतारे कि हमार फ्लाइट करीब 3 घंटा के देरी हो गईल बा। हमनी के एगो महत्वपूर्ण आयोजन में शामिल होखे के रहे लेकिन एह देरी के चलते हमनी के ओमे शामिल ना हो पइब जा। उड़ान में देरी के चलते बहुत लोग के परेशानी के सामना करे के पड़ता।
#WATCH | Delhi: On the delay of flights, a passenger Mohd Shahrukh says "My flight is delayed by almost 3 hours. We had to attend an important event but due to this delay, we will not be able to attend it. A lot of people are facing difficulties due to the delay of flights..." pic.twitter.com/RVzIwjKmJr
— ANI (@ANI) December 29, 2023
एडवाइजरी जारी
बता दीं कि घना कोहरा के चलते कम दृश्यता के चलते बियफ़ें के ट्रेन के संचालन भी प्रभावित भईल अवुरी दिल्ली आवे वाली 22 ट्रेन समय से पीछे चलत रहे। घना कोहरा के देखत एगो सलाह जारी कईल गईल बा, जवना के तहत ड्राइवर के 'फॉग लाइट' के इस्तेमाल करे के सलाह दिहल गईल बा अवुरी यात्री के उड़ान, ट्रेन अवुरी राज्य परिवहन बस के समय के बारे में जागरूक रहे के सलाह दिहल गईल बा।