For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IND vs BAN: दूसरका टी20 मुकाबका खातिर दिल्ली पहुंचल भारतीय टीम, एयरपोर्ट पs भव्य स्वागत

10:33 AM Oct 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ind vs ban  दूसरका टी20 मुकाबका खातिर दिल्ली पहुंचल भारतीय टीम  एयरपोर्ट पs भव्य स्वागत
भारतीय टीम - फोटो : BCCI
Advertisement

बांग्लादेश के खिलाफ ग्वालियर में खेलल गइल पहिला मुकाबला के जीतला के बाद सूर्यकुमार यादव के अगुआई वाला भारतीय टीम सोमार के नई दिल्ली पहुंच गइल। इंदिरा गांधी अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पहुंचला पs उहां मवजूद प्रशंसक भारतीय टीम के खिलाड़ियन के स्वागत कइल लो। एयरपोर्ट से निकलके भारतीय टीम के सदस्य होटल रवाना हो गइल लो।

Advertisement

भारतीय टीम के नजर बुध के अरुण जेटली स्टेडियम में होखे वाला दूसरका मुकाबला के जीतके तीन मैचन के सीरीज में 2-0 के अजेय बढ़त हासिल करे के चाहीं। मानल जा रहल बा कि दुनो टीमन के बीच दिल्ली में हाई स्कोरिंग मुकाबला देखे के मिली। भारतीय टीम ग्वालियर में खेलल गइल पहिला मुकाबला सात विकेट से अपना नाम कs के पहिलही 1-0 के बढ़त बना लेले बिया।

पहिला मैच में भारत बल्ला आ गेना दुनो से प्रभावशाली प्रदर्शन

भारतीय टीम बांग्लादेश के खिलाफ पहिला मुकाबला में बल्ला आ गेना दुनो से प्रभावशाली प्रदर्शन कइले रहे। वरुण चक्रवर्ती आ अर्शदीप सिंह के अगुआई में गेंदबाजन के दमदार प्रदर्शन से भारत बांग्लादेश के 19.5 ओवर में 127 रन पs रोकलस। एकरा बाद अनुभवी ऑलराउंडर हार्दिक पांड्या आ कप्तान सूर्यकुमार ताबड़तोड़ बल्लेबाजी कइलें, जवना से भारतीय टीम 11.5 ओवर में तीन विकेट पs 132 रन बनाके मुकाबला अपना नाम कइलें। भारत खातिर सबसे जादे रन हार्दिक बनवलें ऊ 16 गेना पs पांच चौका आ दुगो छक्का के मदद से 39 रन बनाके नाबाद रहलें। भारत के ओर से अर्शदीप आ वरुण तीन-तीन विकेट लेलें आ अर्शदीप के उनकर सानदार गेंदबाजी खातिर प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल।

बांग्लादेश के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर भारतीय टीमः
अभिषेक शर्मा, संजू सैमसन (विकेटकीपर), सूर्यकुमार यादव (कप्तान), तिलक वर्मा, रियान पराग, हार्दिक पांड्या, रिंकू सिंह, वाशिंगटन सुंदर, रवि बिश्नोई, मयंक यादव, अर्शदीप सिंह, जितेश शर्मा, वरुण चक्रवर्ती, नीतीश रेड्डी, हर्षित राणा।

Tags :
Advertisement