टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Paris Paralympics 2024: भारत के सचिन खिलारी रचले इतिहास

03:03 PM Sep 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
सचिन खिलारी : फोटो
Advertisement

 

Advertisement

 

पेरिस पैरालिम्पिक में सातवाँ दिन पुरुष शॉट पुट एफ46 कैटेगिरी में भारत के सचिन खिलारी रजत पदकSachin Khilari of India won the silver medal जीत लिहले बाड़न. ई आज के दिन के पहिला पदक हs. एह रजत पदक जीत के साथ सचिन 40 साल में पैरालंपिक शॉट-पुट पदक जीते वाला पहिला भारतीय पुरुष एथलीट बन गइल बाड़न. एकरा से पहिले 1984 में भारत पुरुष शॉट पुट में पहिला पदक जीतले रहे।  सचिन के एह पदक से भारत के पदक गिनती 21 हो गइल बा. सचिन 16.32 मीटर के एशियाई रिकार्ड थ्रो के साथ दूसरा स्थान पs रहले। कनाडा के ग्रेग स्टीवर्ट के स्वर्ण पदक मिलल. कांस्य पदक क्रोएशिया के लुका बाकोविच के मिलल.  सचिन एहसे पहिले विश्व पैरा एथलेटिक्स चैम्पियनशिप 2024 में एशियाई रिकार्ड बना के स्वर्ण पदक जीत चुकल रहले.

34 बरीस के ई खिलाड़ी अपना दुसरका कोशिश में आपन बेहतरीन प्रदर्शन कइलन आ 16.30 मीटर के आपन एशियाई रिकार्ड तूड़ दिहलन. मई 2024 में जापान में आयोजित विश्व पैरा एथलेटिक्स चैम्पियनशिप में स्वर्ण पदक जीत के ऊ ई रिकार्ड बनवले बाड़न.  खिलारी के रजत पदक चलत पैरा खेल में पैरा एथलेटिक्स में उनुकर 11वां पदक बा. पिछला साल चीन में आयोजित एशियाई पैरा गेम्स में भी उs स्वर्ण पदक जीतले रहले।

 

Tags :
India's Sachin Khilari created historyParalympicParalympicsParalympics newsParis Paralympics 2024Sachin KhilariSachin Khilari of India won the silver medal
Advertisement
Next Article