टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली से वाराणसी जा रहल इंडिगो के फ्लाइट में बम के सूचना से मचल हड़कंप

07:52 AM May 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

दिल्ली से वाराणसी जाए वाली इंडिगो फ्लाइट में बम के जानकारी के चलते हड़कंप मच गईल बा। विमान के जांच खातीर आइसोलेशन बे में ले जाइल गईल बा। हवाई अड्डा के अधिकारी बतवले कि विमान सुरक्षा अवुरी बम निरोधक टीम फिलहाल मौका पs मौजूद बा।

पूरा मामिला का बा?

मिलल जानकारी के मुताबिक दिल्ली से वाराणसी जाए वाली इंडिगो के फ्लाइट के खुद रनवे पs रोक दिहल गईल अवुरी फ्लाइट में सवार लोग के इमरजेंसी एग्जिट दिहल गईल। सुरक्षाकर्मी के टीम मौका पs पहुंचल बिया अवुरी जांच जारी बा। बम के खबर से ही विमान खाली करावल गईल।

आज सबेरे 5.35 बजे दिल्ली से वाराणसी जाए वाली फ्लाइट में बम के खबर मिलते हड़कंप मच गईल अवुरी एयरपोर्ट प्रशासन समेत सुरक्षा बल के अलर्ट कs दिहल गईल। हड़बड़ी में यात्री के उड़ान से उतार के जांच शुरू कs दिहल गईल।

हालांकि सभ यात्री सुरक्षित बाड़े अवुरी केहु के कवनो नुकसान नईखे होखत। उड़ान में बम बा कि ना एकर जानकारी जांच के बाद ही मिली। बता दीं कि पहिले दिल्ली के बहुत स्कूलन में भी बम के धमकी मिलल रहे, जेकरा बाद स्कूलन के भी खाली करावल गइल रहे। हालांकि बाद में जानकारी सोझा आईल कि केहु बम के फर्जी खबर फइलवले बा। एकरा अलावे गृह मंत्रालय में भी बम के खबर सामने आईल बा, जवन कि फर्जी साबित भईल।

 

 

Tags :
breaking newsDelhi to VaranasiflightIndiGo
Advertisement
Next Article