टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मुंबई एयरपोर्ट पs उड़ान से पहिलवे खराब भइल फ्लाइट, यात्री लो कइले हंगामा

12:17 PM Sep 15, 2024 IST | Minee Upadhyay
उड़ान से पहिले खराब भइल फ्लाइट: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

इंडिगो एयरलाइंस के उड़ान में देरी के बाद मुंबई हवाई अड्डा पs यात्री हंगामा मचवले। बतावल जाता कि फ्लाइट मुंबई से दोहा जात रहे। उड़ान के समय सबेरे 3:55 बजे रहे। बाकिर तकनीकी त्रुटि के चलते उड़ान में देरी हो गईल। एह दौरान यात्री लोग के बहुत देर ले फ्लाइट के भीतर बईठल राखल गईल। एकरा बाद यात्री लोग इंडिगो एयरलाइंस के लापरवाही के आरोप लगावत हंगामा मचवले। यात्री लोग के आरोप बा कि उs लोग के फ्लाइट में चढ़वा दिहल गईल रहे, बाकिर उनुका के इs ना बतावल गईल कि इंजन में कवनो खराबी बा।

मिलल प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक इंडिगो एयरलाइंस के उड़ान में देरी के कारण तकनीकी त्रुटि बतावल जाता। सबेरे मुंबई से दोहा जाए वाली इंडिगो एयरलाइन के सबेरे 3:55 बजे उड़ान ना भरल। एकरा बाद यात्री लोग के बीच हंगामा मच गईल। यात्री लोग के आरोप बा कि उs लोग के फ्लाइट में चढ़ा दिहल गईल रहे, बाकिर इs ना बतावल गईल कि इंजन में कवनो खराबी बा। यात्री लोग के चढ़ला के बाद करीब 3 से 4 घंटा ले विमान में इंतजार करावल गईल, जवना के बाद उs लोग शिकायत कईले। एs दौरान हवाई अड्डा पs यात्री अवुरी इंडिगो के कर्मचारी के बीच बहस भईल।

250-300 यात्री फंस गईले

कई घंटा ले यात्री के फ्लाइट में बईठावल गईल। कुछ घंटा इंतजार कईला के बाद यात्री के विमान से बाहर निकाल के इमिग्रेशन वेटिंग एरिया में बईठावल गईल। यात्री लोग के आरोप बा कि अबे ले एयरलाइन के ओर से उनुका के कवनो ठोस जानकारी नईखे दिहल गईल अवुरी उs लोग के हवाई अड्डा से बाहर निकले के अनुमति ले नईखे मिलत। हालांकि कुछ समय पहिले एयरलाइंस उनुका के बतवले रहे कि उs लोग होटल में रहे के इंतजाम करतारे। एह उड़ान के करीब 250 से 300 यात्री मुंबई हवाई अड्डा पs फंसल बाड़े।

 

 

Tags :
bad flight before take offIndiGoIndiGo FlightmumbaiMumbai Airport
Advertisement
Next Article