टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IndiGo के फ्लाइट में मिलल धमकी भरल चिट्ठी, कुछ अइसन लिखल रहे कि उड़ गइल सबके होश

09:43 AM Jan 15, 2025 IST | Minee Upadhyay
IndiGo के फ्लाइट में मिलल धमकी भरल चिट्ठी
Advertisement

इंडिगो एयरलाइंस के गोवा मुंबई फ्लाइट 6ई-5101 के शौचालय में 13 जनवरी के धमकी पत्र मिलल रहे। एकरा बारे में मुंबई हवाई अड्डा थाना में एगो अनजान आदमी के खिलाफ मामला दर्ज भईल बा।  शिकायतकर्ता के मुताबिक चिट्ठी के एक ओर "बम से सावधान" अवुरी दूसरा ओर "बदला" लिखल रहे।

Advertisement

प्राथमिकी के मुताबिक इंडिगो के उड़ान 13 जनवरी के रात 9:39 बजे गोवा के मनोहर अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा से मुंबई खातीर रवाना भईल रहे। फ्लाइट उतरे से करीब 20 मिनट पहिले एगो यात्री हिमांशु खन्ना विमान के शौचालय में पड़ल चिट्ठी के बारे में एयरलाइन के एगो कर्मचारी जानकारी देलस।  एकरा बाद इs जानकारी पायलट अवुरी एयर ट्रैफिक कंट्रोल के दिहल गईल।

इहो पढ़ीं: बिहार के मंत्री के जान से मारे के धमकी, लॉरेंस बिश्नोई के नाव से आइल फोन

जानकारी मिलते ही विमान के लैंडिंग पूरा तरीका से सुरक्षित अवुरी आइसोलेटेड तरीका से हो गईल। विमान उतरला के बाद केंद्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल (सीआईएसएफ) के ओर से उड़ान के पूरा तलाशी लिहल गईल, बाकिर विमान के भीतर कवनो संदिग्ध वस्तु ना मिलल।  एकरा बाद एयरलाइंस के सुरक्षा विभाग मुंबई हवाई अड्डा थाना में मामला के सूचना देलस अवुरी एs आधार पs प्राथमिकी दर्ज करावल गईल।

इहो पढ़ीं: दक्षिण कोरिया में हड़कंप, राष्ट्रपति यून सुक येओल गिरफ्तार

Tags :
Bomb Threatflight newsIndiGo FlightMumbai Airport
Advertisement
Next Article