For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

इंडिगो-विस्तारा आ Air India के 30 गो फ्लाइट के बम से उड़ावे के धमकी, सुरक्षा एजेंसियां अलर्ट

02:28 PM Oct 22, 2024 IST | Minee Upadhyay
इंडिगो विस्तारा आ air india के 30 गो फ्लाइट के बम से उड़ावे के धमकी  सुरक्षा एजेंसियां अलर्ट
एयर इंडिया, इंडिगो के फ्लाइट
Advertisement

Advertisement

देश भर के विभिन्न एयरलाइन कंपनी के विमान में बम के धमकी मिले के प्रक्रिया कई दिन से चल रहल बा। सोमार के रात भी इंडिगो, विस्तारा, आकाशा आ एयर इंडिया के 35 गो उड़ानन पs बम के धमकी मिलल. समाचार एजेंसी पीटीआई के सूत्र के मुताबिक भारतीय एयरलाइंस के ओर से संचालित 30 घरेलू अवुरी अंतरराष्ट्रीय उड़ान के बम के धमकी दिहल गईल। एs मामला से जुड़ल सूत्र एजेंसी के बतवले कि बम के धमकी पावे वाला लोग में इंडिगो, विस्तारा, अकासा अवुरी एयर इंडिया के उड़ान शामिल बा। बता दीं कि पिछला 8 दिन में 120 से अधिका विमानन के बम हमला के धमकी मिलल बा.

विस्तारा के प्रवक्ता कहले कि, हमनी के पुष्टि करतानी कि 21 अक्टूबर 2024 के चले वाली विस्टारा के कुछ उड़ान के सोशल मीडिया पs सुरक्षा के धमकी मिलल बा। हमनी के तुरंत संबंधित अधिकारी के सचेत कs देले बानी अवुरी उनुका ओर से सलाह दिहल सभ सुरक्षा प्रक्रिया के पालन करतानी। विस्तारा में हमनी के ग्राहक, चालक दल अवुरी विमान के सुरक्षा के सबसे जादे महत्व बा।”

इंडिगो के एs10 फ्लाइट के मिलल धमकी

6E-63 Delhi Jeddah

6E-12 Istanbul-Delhi

6E-83 Delhi Dammam

6E-65 Kozikode jeddah

6E-67 Hyderabad Jeddah

6E-77 Bengaluru Jeddah

6E-18 Istanbul Mumbai

6E-164 Mangalore Mumbai

6E-118 Lucknow Pune

6E-75 Ahmedabad Jeddah

एयर इंडिया के भी धमकी मिलल

एकरा संगे एयर इंडिया के प्रवक्ता इहो पुष्टि कईले कि सोमार के उड़ान भरत एयर इंडिया के कुछ उड़ान के धमकी मिलल बा। निर्धारित प्रोटोकॉल के पालन करत संबंधित प्राधिकरण के तुरंत सचेत कs दिहल गईल अवुरी नियामक प्राधिकरण अवुरी सुरक्षा एजेंसी के मार्गदर्शन के मुताबिक सुरक्षा के सभ प्रक्रिया के कड़ाई से पालन कईल गईल।

बम के धमकी तs अफवाह बा, बाकिर हल्का में नईखे लिहल जा सकत - मंत्री

पिछला एक हफ्ता में भारतीय एयरलाइंस के 120 से अधिका उड़ानन के बम के धमकी मिलल बा. नागरिक उड्डयन मंत्री के राममोहन नायडू सोमार के दिने कहले रहले कि बम के धमकी अफवाह हs, बाकिर एकरा के हल्का में ना लिहल जा सकेला. एही बीच सरकार एयरलाइंस के बम के खतरा से निपटे खातीर विधायी कार्रवाई के योजना बनावतिया, जवना में अपराधी के नो फ्लाई लिस्ट में शामिल कईल शामिल बा।

Tags :
Advertisement