टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जेपी यूनिवर्सिटी में पहिला बेर होई इंडक्शन प्रोग्राम: सिलेबस, कॉलेज आ विश्विद्यालय के बारे मे दिहल जाई जानकारी 

01:25 PM Jun 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

जेपी यूनिवर्सिटी में छात्रन के नामांकन के प्रति रुचि बढ़ावे आ सत्र के नियमित करे के लेके लगातार कोसिस कइल जा रहल बा। चार साल के ग्रेजुएशन कोर्स खातिर नामांकन के ऑनलाइन प्रक्रिया सुरू बा। अब विश्वविद्यालय प्रबंधन निर्णय लेले बा कि छात्रन के नया पाठ्यक्रम से अवगत करावे खातिर इंडक्शन प्रोग्राम के आयोजन कइल जाई।

Advertisement

सिलेबस सहित आउर जानकारी दिहल जाई 

एकरा के लेके विश्वविद्यालय प्रबंधन के ओर से सब कॉलेजन के सूचना दे दिहल गइल बा। इंडक्शन प्रोग्राम के तहत छात्रन के सिलेबस सहित संबधित कॉलेज आ विश्वविद्यालय के बारे में जानकारी दिहल जाई। इंडक्शन प्रोग्राम के तहत जेपी यूनिवर्सिटी में लागू कइल गइल चॉइस बेस्ड क्रेडिट सिस्टम (सीबीसीएस) सिलेबस से अवगत करावल जाई।

प्राचार्य आ सब विभागन के शिक्षक रही लो मवजूद

एकरा संगही परीक्षा पैटर्न में भइल बदलाव आ वर्ग संचालन से जुड़ल आउर महत्वपूर्ण जानकारी साझा कइल जाई। इंडक्शन प्रोग्राम के दौरान कॉलेज के प्राचार्य आ सब विभागन के शिक्षक मवजूद रही लो। छात्रन के कॉलेज कैंपस में इस्थित लैब, पुस्तकालय, ई-लाइब्रेरी आ स्मार्ट क्लास से संबंधित जानकारियो दिहल जाई।

परीक्षा देवे खातिर 75 प्रतिशत उपस्थिति अनिवार्य

जन सम्पर्क पदाधिकारी बतवलें कि स्नातक आ पीजी के कक्षा में 75 प्रतिशत उपस्थिति के अनिवार्यता जरूरी बा। जवन छात्र-छात्रा के उपस्थिति 75 फीसदी ना होई। ऊ परीक्षा फॉर्म ना भर सकी लो। इंडक्शन सत्र के दौरान एकर जानकारी दिहल जाई। ऊ बतवलें कि एह समय स्नातक सत्र 2024-28 में नामांकन खातिर ऑनलाइन आवेदन लिहल जा रहल बा।

कला, विज्ञान आ वाणिज्य के तहत विश्वविद्यालय के 32 अंगीभूत आ संबद्ध कॉलेजन में नामांकन खातिर छात्र- छात्रा आवेदन कs रहल बा लो। हालांकि, बीच में दु दिन वेबसाइट में गड़बड़ी के कारण कुछ परेसानी आइल रहे। अब फेर से सब कुछ सामान्य हो गइल बा। जानकारी के अनुसार अब तक करीब तीन हजार आवेदन नामांकन खातिर मिल चुकल बा।

Tags :
Admission ProcessBhojpuri NewsChhapra NewsInduction ProgramJP University
Advertisement
Next Article