टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर में छावनी स्टेशन पs बम के सूचना: GRP, RPF, जिला पुलिस आ खुफिया एजेंसी भइल एक्टिव, सर्विलांस टीम के मदद से आरोपी गिरफ्तार

01:36 PM Jan 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर में बियफे के रात एगो जुवक छावनी स्टेशन पs बम रखल होखला के सूचना देके सनसनी फइला देलस। आनन-फानन में GRP के संगही RPF आ जिला पुलिस गोरखपुर आ छावनी स्टेशन पs चेकिंग सुरू कs देलस। सर्विलांस के मदद से GRP देर रात गोपालगंज के रहे वाला आरोपी के स्टेशन कैंपस से गिरफ्तार कर लेलस। फ्रॉड कॉल करे वाला आरोपी से खुफिया एजेंसियन के संगही GRP, RPF आ जिला के पुलिस पूछताछ कs रहल बाड़ी सs।

Advertisement

बियफे के रात में 9:05 बजे एगो युवक डायल 112 के कंट्रोल रूम में फोन कs बतवले कि गोरखपुर में छावनी स्टेशन के लगे विस्फोट होखे वाला बा। 31 दिसंबर के ऊ कइयन लोगन के आपस में बात करत सुनले रहे। समय ना मिले के वजह से बता ना सकनी। एकरा के देखत जांच करावल जाव। नाम, पता पूछला पs फोन करे वाला मोबाइल बंद कs देलस। रात 9:40 बजे कंट्रोल रूम से ममिला के जानकारी GRP आ RPF के दिहल।

सर्विलांस के मदद से दबोचाइल आरोपी

स्टेशन पs चेकिंग करावे के संगही सर्विलांस के मदद से फोन करे वालन के तलाश सुरू भइल। आरोपी के लोकेशन स्टेशन कैंपस में डीजल लाबी के पास मिलला पs घेराबंदी कs के GRP ने दबोच लेलस। पूछताछ में ओकर पहचान बिहार के गोपालगंज जिला के श्यामपुर के दिघवदुबौली गांव के सत्येंद्र राय के रूप में भइल।

फिलहाल, GRP, RPF के संगही जिला के पुलिस आ खुफिया एजेंसी के अधिकारी ओकरा से पूछताछ कs रहल बा लो। एहतियात के तौर पs स्टेशन कैंपस में सघन चेकिंग कइल जा रहल बा। GRP थाना प्रभारी विजय प्रताप सिंह बतवलें कि पकड़ल गइल जुवक के मानसिक इस्थिति ठीक नइखे लागत। पूछताछ या आगे के जांच कइल जा रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsBomb ThreatCan't StationCrime NewsDistrict Policegorakhpur newsGrpRpf
Advertisement
Next Article