टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यूपी में संवेदनहीनता: पुलिस चौकी के लगे लईकी उतार देलस कपड़ा...लोग बनावे लागल वीडियो

12:37 PM Aug 26, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

यूपी से शर्मनाक खबर निकल के आ रहल बा। एहिजा इंजीनियरिंग के एगो छात्रा बीच सड़क पर आपन कपड़ा उतार दिहलस। बेशर्म लोग पुलिस चौकी के सामने छात्रा के वीडियो बनावत रहले, बाकी ओकरा के केहु ना तोपलस।

Advertisement

न्यू आगरा इलाका में लोग के संवेदनहीनता के मामला सामने आईल। लखनऊ के लईकी आगरा में इंजीनियरिंग करत बिया। ऊ अपना एगो सीनियर छात्र पs बलात्कार के आरोप लगवले बिया। केस दर्ज करवला के बाद ऊ डिप्रेशन में बिया।

 एतवार के दिने लईकी रोड पे आपन कपड़ा उतार देलख

ई देख के लोग के भीड़ जुट गइल। बाकिर ओकर लाज केहू ढंकल । बेशर्म लोग मोबाइल पर वीडियो बनावे लागल। ओहिजा से गुजरत दू गो लइकी के लाज लागल । ऊ कवनो तरीका से पीड़िता के एगो क्लिनिक में ले गइली सs।

सूचना पs पहुंचल पुलिस ओकरा के मानसिक स्वास्थ्य संस्थान में भर्ती करावल गइल। परिवार के सूचना दे दिहल गइल बा। बता दीं कि लइकी 3 दिन से दयालबाग पुलिस चौकी के चक्कर लगावत रहे। ऊ अपना केस के बारे में पूछत रहली। पुलिस जांच करत कार्रवाई के भरोसा देत रहे।

लईकी डॉ. भीमराव अम्बेडकर विश्वविद्यालय के एगो परिसर से इंजीनियरिंग के पढ़ाई करत बिया। 11 अगस्त के पीड़िता सिकंदरा थाना में शिकायत दर्ज करावत कहलस कि, शिवंश जवन कि ओकर सीनियर रहले, ओकरा के गाड़ी में बईठा के दुष्कर्म कइलख। पुलिस केस दर्ज कs लिहलस।

शिवंश आईआईटी जम्मू के छात्र बा आ एम.टेक करत बा । पुलिस जांच में जुटल बिया। सबूत जुटावल जा रहल बा। लईकी 3 दिन तक दयालबाग पुलिस चौकी के चक्कर लगावत रहे। ऊ अपना केस के बारे में पूछत रहे। पुलिस जांच कs कार्रवाई करे के वादा करत रहे। ऊ रविवार के 10 बजे पुलिस चौकी भी गइल।

लईकी कार्रवाई ना करे के आरोप लगावत हंगामा पैदा कइलख। बाद में मऊ रोड पर आ गइल। ओकरा लगे दू गो बैग रहे। अचानक ऊ बैग सड़क पs फेंक देलख। एगो चाय के दोकान के बहरी आपन कपड़ा उतारे लागल। ई देख के ओहिजा से गुजरत लोग रुक गइले। लोग के भीड़ जुट गइल बाकी केहू लईकी के ना रोक पवलस। कुछ लोग वीडियो बनावे लगले। तबे दू गो लइकी आ गइली। ऊ लोग ओकर देह

तोपली (ढकना) ।

पानी मंगाते, अंग्रेजी में बोले लागल 

समाजसेवी नरेश पारस जानकारी मिलला के बाद उहो उहाँ पहुंचले । लईकी से बात कइले। ऊ कुछुओ ठीक से ना बता पावत रहे । दू गो युवती ओकरा के डाक्टर के क्लिनिक में ले गइली । कुछ देर बाद ओकरा नींद आ गईल। जब ऊ नींद से जागल तs पानी पिए के दिहल गइल।

बाकी, ऊ पैकेजड पानी मांगे लागल। ऊ 112 पs फोन कs के पुलिस बुलावे लागल। बाकी, पुलिस पहिलही से मौजूद रहे। जब पुलिस ओकरा के ले जाए लागल तs ऊ अंग्रेजी में दूर रहे के कहे लागल।

पुलिसकर्मी तक ए बात पs डेरा गइले। ओकरा बैग में शैक्षिक प्रमाणपत्र आ प्राथमिकी के कॉपी मिलल बा। ई थाना सिकंदरा के रहे। एह बारे में एसीपी डॉ. सुकन्या शर्मा के जानकारी दिहली। ऊ एंटी रोमियो के टीम भेजले।

माई तुरंत आवे में आपन असमर्थता जतवली

एसीपी बतवले कि लईकी डिप्रेशन में बिया। ओकरा के इलाज खातीर मानसिक स्वास्थ्य संस्थान में भर्ती करावल गइल बा। ओकरा माई से बात भइल। माई एगो विधवा हई। अभी आवे में आपन असमर्थता जतवले बाड़ी। लईकी के इलाज हो रहल बा। एक बेर ठीक हो गइला पर नारी निकेतन भेज दिहल जाई।

आरोप के पुष्टि नइखे होखत

सिकंदरा थाना के कहनाम बा कि लईकी के मामला दर्ज हो गइल बा। आरोपी शिवंश एगो छात्र हवे। हाल ही में आईआईटी जम्मू में एडमिशन लेले बानी। जवना दिन लईकी घटना के बखान कइलस, ओ दिन आरोपी के लोकेशन जम्मू रहे।

एकरा संगे-संगे सीसीटीवी कैमरा के फुटेज भी दिहल गइल बा, जवना में ऊ देखाई देतारे। अभी तक प्रारंभिक जांच में घटना के पुष्टि नइखे भइल। अभी भी सबूत जुटावल जा रहल बा। एकरा बाद ही आगे के कार्रवाई होई।

Tags :
Agra NewsBhojpuri khabardipressionGirl took off her clothes on roadkhabar bhojpuri news specialsensitive newsuttarpradesh police
Advertisement
Next Article