टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जाड़ा में गीजर के छुट्टी,आइल 'जादुई बाल्टी'!  डालते खउल जाई ठंडा पानी

08:17 AM Nov 03, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

Instant Bucket Water Heater : जाड़ा में गरम पानी के समस्या एगो आम समस्या होखेला।  कुछ समय बाद गीजर में भी ठंडा पानी आवे लागेला, जवना के चलते गरम पानी के इंतजार करे के पड़ेला।  अयीसना में 25 लीटर के गीजर काफी महंगा हो जाला।  बाकिर अब एह समस्या के समाधान हो गइल बा। बाजार में एगो नया बाल्टी आईल बा, जवना में ठंडा पानी डालते उबलत पानी मिल जाई।  एह बाल्टी के ‘गीजर बाल्टी’ कहल जाला।

गीजर बाल्टी के क्रेज एतना बा कि स्टोर में एकर कमी बा। जे गीजर ना खरीदे के चाहत बा ऊ एह बाल्टी के ओर बढ़ रहल बा। गीजर बाल्टी के क्रेज के पीछे बहुत कारण बा। एकर सबसे बड़ कारण इ बा कि ए बाल्टी से जल्दी गरम पानी मिल जाला। एकरा अलावे इ बाल्टी भी काफी मजबूत बा।

गीजर बाल्टी के इस्तेमाल नहाए, कपड़ा धोवे, अवुरी घर के बाकी काम खाती कईल जा सकता। जाड़ा में गरम पानी के समस्या से परेशान होखे वाला लोग खातिर इ बाल्टी एगो बढ़िया विकल्प बा।

गीजर बाल्टी एगो बाल्टी ह, जवना में हीटर लागल होला। एह बाल्टी के क्षमता 20 लीटर बा, मतलब कि आदमी एक बेर गरम पानी में आराम से नहा सकता।

गीजर बाल्टी में शॉकप्रूफ तकनीक दिहल गईल बा, जवना के चलते दुर्घटना के स्थिति में इs सुरक्षित बा। एह बाल्टी के इस्तेमाल बर्तन धोवे खातिर भी कइल जा सकेला, काहे कि एकरा में नल होला, जवना से गरम पानी आसानी से दिहल जा सकेला।

गीजर बाल्टी लोकल बाजार से भी खरीदल जा सकता, लेकिन ऑनलाइन खरीदल सबसे सस्ता तरीका बा। फ्लिपकार्ट पs गीजर बाल्टी 36% छूट पs उपलब्ध बा। मतलब कि आप एकरा के मात्र ₹1,599 में खरीद सकतानी, जवन कि एकर मूल कीमत ₹2,499 से बहुत कम बा।

 

 

 

Tags :
geysergeyser bucketGeyser discharge in winterLifestylewinter
Advertisement
Next Article