टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: आनंदनगर-घुघली रेल लाइन खातिर भूमि अधिग्रहण में तेजी लाए के निर्देश

09:44 AM Nov 07, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

गोरखपुर: केंद्रीय वित्त राज्य मंत्री पंकज चौधरी सोमार के दिने पूर्वोत्तर रेलवे जीएम सौम्या माथुर आ रेलवे के अउरी वरिष्ठ अधिकारी के साथे महाराजगंज नयका रेल लाइन परियोजना के राह आनंद नगर-घुघली के प्रगति के समीक्षा कइलन। मंत्री जी ए नया रेल लाइन के निर्माण खातीर जमीन अधिग्रहण के काम में तेजी ले आवे के निर्देश देले।

रेलवे गेस्ट हाउस में भईल समीक्षा बैठक में जीएम मंत्री से कहले कि 52.70 किमी. एह लमहर नया लाइन निर्माण परियोजना के 958.27 करोड़ रुपिया में मंजूरी मिल गइल बा। चालू वित्तीय वर्ष में एह काम खातिर 20 करोड़ रुपिया के आवंटन कइल गइल बा। एह लाइन के निर्माण के बाद गोंडा से पनियहवा तक आनंदनगर, गोरखपुर, गोरखपुर कैंट, घुघली होत कुल दूरी 307 किमी बा।

एह नया रेल लाइन के निर्माण से ई दूरी घट के 265 किलोमीटर हो जाई। एह रेल लाइन खातिर लिडार सर्वेक्षण के काम पिछला महीना से शुरू भइल रहे। केंद्रीय मंत्री कहले कि ए लाइन के निर्माण जल्दी शुरू करे के होई, जवना खाती जमीन अधिग्रहण के प्रक्रिया में तेजी ले आवे के जरूरत बा।

एह मउका पs मुख्य प्रशासनिक अधिकारी/निर्माण एससी श्रीवास्तव, सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह, सचिव/महाप्रबंधक आनंद ऋषि श्रीवास्तव आ वरिष्ठ अधिकारी मौजूद रहले।

 

 

Tags :
Anandnagar-GhughliAnandnagar-Ghughli Railway Linegorakhpur newsGorakhpur News in Bhojpuri
Advertisement
Next Article