For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर में बनी इंटीग्रेटेड डिविजनल ऑफिस: सरकारी जमीनन पs होई निर्माण, 367.67 करोड़ खर्च होंगे

11:52 AM Jan 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर में बनी इंटीग्रेटेड डिविजनल ऑफिस  सरकारी जमीनन पs होई निर्माण  367 67 करोड़ खर्च होंगे
Advertisement

गोरखपुर में रेलवे रोड पs सिंचाई विभाग नलकूप परिसर के जमीन पs इंटीग्रेटेड डिविजनल ऑफिस के भवन बनी। एकरा निर्माण आ 10 साल तक के मेंटिनेंस पs 367.67 करोड़ रुपिया खर्च होई। निर्माण के ई धनराशि गोरखपुर विकास प्राधिकरण भूमि मुद्रीकरण के योजना से जुटाई। इंटीग्रेटेड मंडलीय कार्यालय खातिर प्राधिकरण, मेसर्स ए कोर आर्किटेक्ट सर्विसेज प्राइवेट लिमिटेड से डिटेल प्रोजेक्ट रिपोर्ट (DPR) बनवा रहल बा।

Advertisement

दरअसल, बीतल बियफे के रात लोकभवन में मुख्य सचिव दुर्गा शंकर मिश्र के समक्ष गोरखपुर आ वाराणसी में बनावल जा रहल इंटीग्रेटेड मंडलीय कार्यालय निर्माण के प्रस्तुतिकरण देलें। एह दौरान गोरखपुर के कमिश्नर अनिल कुमार ढींगरा, गोरखपुर विकास प्राधिकरण उपाध्यक्ष आनंद वर्द्धन सिंह आ अधिशासी अभियंता नरेंद्र कुमार प्रजेंटेशन देलें।

अफसर चीफ सेक्रेटरी के देलें प्रेजेंटेशन

अफसर लोग मुख्य सचिव 71 विभागन के सामिल करत इंटीग्रेटेड मंडलीय कार्यालय के प्रस्ताव तईयार कइले बा लो। प्रस्ताव के मोताबिक मंडलीय कार्यालय के निर्माण लागत आवासीय भवन समेत 268.98 करोड़ आ एडवोकेट ब्लॉक के लागत 27.55 करोड़ रुपिया बा। दुनो भवनन के 10 साल तक रखरखाव पs 71.14 करोड़ रुपिया खर्च होई।

अइसन में निर्माण आ एकरा 10 साल तक मेंटिनेंस के खर्च मिला के 367.67 करोड़ रुपिया खर्च होई। प्राधिकरण उपाध्यक्ष आनंद वर्धन बतवलें कि निर्माण स्थल पs मिट्टी के ऊपरी सतह के संरक्षित कइल जाई। एह संरक्षित उपजाऊ मिट्टी के इस्तेमाल पार्क, ग्रीन बेल्ट में बागवानी आ लैंड स्केपिंग के विकास में होई।

भूमि मुद्रीकरण योजना से बजट जुटाई प्राधिकरण

नलकूप परिसर के भूमि पs बनावल जाये वाला इंट्रीगेटेड मंडलीय कार्यालय खातिर गोरखपुर विकास प्राधिकरण भूमि मुद्रीकरण योजना अंतर्गत जुटाई। एकरा खातिर सेवा योजन कार्यालय के 14403.88 वर्ग मीटर जमीन आ नार्मल कैम्पस के 32343 वर्ग मीटर जमीन के प्रस्ताव में सामिल करे के प्राधिकरण सुझाव देलें। एह दुनो कार्यालय भवन परिसर के जमीन प्राधिकरण 30 साल खातिर लीज कs  के इंटीग्रेटेड मंडलीय कार्यालय के निर्माण कs सकत बाड़ें।

इहां बनी 71 कार्यालय

इंटीग्रेटेड मंडलीय कार्यालय में मंडल स्तर के 71 कार्यालय प्रस्तावित बा। ताकि मंडल स्तर पs नागरिकन के एके छत के नीचे सब अधिकारी आ सुविधा मुहैया हो जाई। मंडलीय कार्यालय भवन भूतल के अतिरिक्त पांच मंजिला होई। जबकि, एडवोकेट ब्लॉक भूतल के अतिरिक्त सात मंजिला होई। ट्विन टावर में कॉन्फ्रेंस हाल, सब फ्लोर पs एगो कॉमन मीटिंग रूम, अत्याधुनिक स्टोर रूम, बैंक, जिम, कैफेटेरिया आ समुचित पार्किंग के बेवस्था होई।

Tags :
Advertisement