टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Layoff: 18 हजार कर्मचारियन के छंटनी कs सकत बिया है इंटेल, खरचा में 20 अरब डॉलर के कटौती करे के तइयारी

11:57 AM Aug 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

अमेरिकी चिप निर्माता कंपनी इंटेल ने बियफे के एलान कइलें कि ऊ अपना परिचालन के बेवस्थित करे के उद्देश्य से अपना कुल स्टाफ में से 15 प्रतिशत के कटौती करी। रिपोर्ट्स के मोताबिक, इंटेल में अभी एक लाख चौबीस हजार कर्मचारी कार्यरत बा लो। अइसन में कंपनी के एलान के मोताबिक करीब 18 हजार कर्मचारियन के छंटनी कइल जा सकत बा।

Advertisement

खर्चन में 20 अरब डॉलर के कटौती करी कंपनी

इंटेल के योजना बा कि ऊ अपना एह साल के खर्च में करीब 20 अरब डॉलर के कटौती कs सकत बिया। कंपनी के हालिया तिमाही में करीब 1.6 अरब डॉलर के नुकसान झेले के पड़ल बा। कंपनी के सीईओ पैट गेलसिंगर बयान जारी कs के कहले बाड़े कि 'हमनी के दूसरका तिमाही में प्रदर्शन बहुते खराब रहल बा जबकि हमनी के प्रमुख उत्पाद आ प्रौद्योगिकी में मील के पत्थर हासिल कइले बा। दूसरका छमाही के रुझान हमनी के पिछला उम्मीद से कहीं जादे चुनौतीपूर्ण बा।' मुख्य वित्तीय अधिकारी डेविड जिन्सनर कहलें, 'अपना खर्च में कटौती कs के, हमनी के अपना मुनाफा के बेहतर बनावे आ आपन बैलेंस शीट के मजबूत करे खातिर सक्रिय डेग उठा रहल बा लो।

इस्राइल में कंपनी अपना निवेश पs लगवलस रोक

घाटा से परेसान इंटेल जून में घोषणा कइले रहे कि ऊ इस्राइल में एगो प्रमुख फैक्ट्री परियोजना के विस्तार के  अभी रोक रहल बिया। कंपनी इस्राइल में चिप प्लांट खातिर अतिरिक्त 15 अरब डॉलर के निवेश के योजना बनावत रहे। इंटेल के प्रतिद्वंदी कंपनी एनवीडिया, एएमडी आ क्वालकॉम से कड़ा चुनौतियन के सामना करे के पड़ रहल बा। दशकन से, इंटेल चिप्स के बाजार पs आपन दबदबा बना के रखले बा। जवन लैपटॉप से लेके डेटा सेंटर तक में इस्तेमाल होला। बाकिर हाल के बरिसन में एनवीडिया जइसन कंपनियन के एआई के क्षेत्र में आगे बढ़ गइल बा।

Tags :
18000 EmployeesBhojpuri NewsIntel CompanyIntel to cut 20 Arab ExpenseLayoff
Advertisement
Next Article