For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur News: मोटिवेशनल स्पीकर बीके शिवानी आजु बतइहें, 'जीवन में असीम शांति आ खुशी के पासवर्ड'

01:24 PM Mar 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
gorakhpur news  मोटिवेशनल स्पीकर बीके शिवानी आजु बतइहें   जीवन में असीम शांति आ खुशी के पासवर्ड
Advertisement

अंतरराष्ट्रीय प्रेरक वक्ता बीके शिवानी बुध के दिने गोरखपुर में रहीहें। सैयद मोदी रेलवे स्टेशन पs एगो कार्यक्रम के दौरान लोग से बातचीत करीहे। जीवन में अपार शांति आ सुख के पासवर्ड के विषय पs आपन अनुभव साझा कs के ऊ अपना प्रेरणादायक भाषणन से लोग के जोड़ दीहें।

Advertisement

प्रजापिता ब्रह्मा कुमारी ईश्वरीय विश्वविद्यालय शाहपुर केन्द्र प्रभारी बीके पारुल बतवली साँझ छह बजे से आठ बजे ले दू घंटा ले लोग के बीच संगठन के अंतर्राष्ट्रीय प्रेरक वक्ता बीके शिवानी जनता में रहीहें। जीवन के प्रेरणादायक भाषण कार्यक्रम में लगभग 6 हजार लोग के बईठे के इंतजाम कईल गईल बा।

सबके प्रवेश पूरा निशुल्क होई। लेकिन, आवे वाला लोग के एंट्री पास ले आवे के होई। एक पास पs चार लोग एह कार्यक्रम में भाग लीहें। बतावल गइल कि जेकरा लगे एंट्री पास नइखे ऊ आयोजन स्थल पs लगावल स्टॉल से एंट्री पास ले सकेला।

Tags :
Advertisement