For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अमेरिकी अखबार के दावा, दु दिन में इजरायल पs हमला कs दी ईरान, भारत अपना नागरिकन से दुनो देसन के यात्रा ना करे के कहलस, जानीं का बा पूरा विवाद

02:54 PM Apr 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
अमेरिकी अखबार के दावा  दु दिन में इजरायल पs हमला कs दी ईरान  भारत अपना नागरिकन से दुनो देसन के यात्रा ना करे के कहलस  जानीं का बा पूरा विवाद
Advertisement

नई दिल्ली/Iran will attack Israel:

Advertisement

सीरिया के राजधानी दमिश्क में इजरायल ईरानी दूतावास पs हमला कइले रहे। एह हमलावके बाद ईरान सबक सिखावे के ऐलान कs देले रहे। कहल जा रहल बा कि वीकेंड से पहिले ऊ हमला कs सकत बा। एकरा संगही इजरायली प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू आपन मंसूबा जाहिर कs देले बा। ऊ कहलें कि हमनी के डिफेंस आ अटैक दुनो खातिर तइयार बानी सs।

ओहिजा, दूसरका तरफ भारतीय बिदेस मंत्रालय ईरान आ इजरायल के लेके ट्रैवल एडवाइजरी जारी कइले बा। सब भारतीयन के अगिला सूचना तक ईरान भा इजरायल के यात्रा ना करे के सलाह दिहल गइल बा। बिदेस मंत्रालय ओह सब लोगन से अनुरोध कइले बा, जे मवजूदा समय में ईरान भा इजरायल में रह रहल बा, ऊ उहां भारतीय दूतावास से संपर्क करीं आ आपन रजिस्ट्रेशन कराई।

भारत सरकार ने ईरान आ इजरायल के लेके ट्रैवल एडवाइजरी में सब भारतीयन के अगिला सूचना तक ईरान भा इजरायल के यात्रा ना करे के निरदेस दिहल गइल बा।

प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू कइलें एयरबेस के दौरा

प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू इजरायल के एयरबेस के दौरा कइले बाड़ें। हर बेर के तरे ऊ अपना दुश्मनन से कहले बाड़ें कि जे नुकसान पहुंचाई, ओकरा के उ नुकसान पहुंचइहें। हमनी के रक्षात्मक आ आक्रामक दुनो तरे से तइयार बानी सs। ओहिजा, तेहरान खुला मंच से अभी ई नइखे कहले कि ऊ कब आ कइसे हमला करी, बाकिर इजरायल पs डायरेक्ट अटैक होत बा तs डर बा कि ईरानी समर्थक हमास के खिलाफ चल रहल इजरायल के युद्ध के विध्वंसक रूप दे सकत बा लो।

ईरान समुद्र में उतरलस आपन दुगो दमदार जहाज

ईरान ठान लेले बा कि ऊ इजराइल के सबक सिखाई। एही के मद्देनजर ऊ फारस के खाड़ी आ लाल सागर में अपना दुनो जहाजन के उतार देले बा। एह जहाजन के क्षमता के जानत अमेरिकी आ इजरायली एजेंसी अलर्ट पs बाड़ी सs। ई जहाज क्रूज मिसाइलन आ यूएवी के लॉन्च करे के क्षमता रखेली सs।

ओहिजा, दूसरका ओर इजरायल के जानकारी मिलल बा कि एह जहाजन के माध्यम से ईरान समुद् से हमला के आगाज कs सकत बा। संगही सैन्य अड्डन पs ड्रोन अटैक कs सकत बा। एकरा के देखत इजरायल के कोस्टल एरिया हाई अलर्ट पs बा। एकरा संगही ईरान अमेरिका के संगे मिडिल ईस्ट के देसन खातिर चेतावनी जारी कइले बा। कहल गइल बा कि ईरान के खिलाफ जाये वालन के गंभीर परिणाम भुगते के होई।

अमेरिका जारी कइलस एडवाइजरी

ओने ईरानी हमला के आशंका के देख अमेरिका इजरायल में अपना नागरिकन के यात्रा ना करे के चेतावनी देले बा। कहल गइल बा कि ओहि शहरन में रहे लो, जवन आयरन डोम सिस्टम से रॉकेट हमलन से बचा सकत बा। एतनही ना इजरायल में अमेरिकी सरकारी कर्मचारियों के यात्रा पs पाबंदियो लगावल जा सकत बा।

भारतो अपना नागरिकन के देलस चेतावनी

भारत के बिदेस मंत्रालय ईरान आ इजरायल में रह रहल अपना नागरिकन से कहले बा कि अपना सुरक्षा के लेके विशेष सावधानी बरतीं। भारतीय दूतावास से संपर्क करीं। आपन रजिस्ट्रेशन कराई। एकरा संगही देस के लोगन के सलाह बा कि ऊ अगिला सूचना तक ईरान भा इजरायल के यात्रा मत करे।

Tags :
Advertisement