For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

iPhone के Siri भइल पहिले से जादा स्मार्ट, UI से लेके फीचर्स ले में भइल बड़ बदलाव

08:14 AM Jun 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
iphone के siri भइल पहिले से जादा स्मार्ट  ui से लेके फीचर्स ले में भइल बड़ बदलाव
Advertisement

Advertisement

एप्पल डब्ल्यूडब्ल्यूडीसी 2024 में अपना वर्चुअल असिस्टेंट सिरी के पूरा तरीका से रिवेम्प कईले बा। एकरा यूजर इंटरफेस में बदलाव के संगे एकरा फीचर में भी बड़ बदलाव भईल बा। एतने ना, कंपनी वर्ल्ड वाइड डेवलपर्स कॉन्फ्रेंस में आपन जेनरेटिव एआई टूल एप्पल इंटेलिजेंस के भी घोषणा कईले बिया। एप्पल अपना एआई टूल खातिर चैटजीपीटी बनावे वाली कंपनी ओपनएआई के साथे साझेदारी कइले बा।

Siri के नया अवतार

एप्पल WWDC 2024 में सिरी के नाया वर्जन पेश कईले बा, जवन कि पहिले से जादे स्वाभाविक अवुरी मददगार होई। एह में एप्पल आपन जेनरेटिव एआई मॉडल एप्पल इंटेलिजेंस के इस्तेमाल कइले बा। एकरा अलावे सिरी के एगो नाया यूजर इंटरफेस मिलल बा अवरू इs डिवाइस के बेजल के नजदीक चमकी। एतने ना, एकरा में डिटेल कार्ड भी जोड़ल गईल बा, जवना से उपयोगकर्ता के विस्तृत जानकारी मिल जाई।

एप्पल के दावा बा कि अब सिरी यूजर के संदर्भ के समझे में सक्षम हो जाई। फेर कवनो जानकारी के दोहरावे के जरूरत ना पड़ी. साधारण शब्दन में कहल जाव तs सिरी अब एके बेर में रउरा जवन कहब ओकरा के समझ में आ जाई, जइसे कि इंसान. जईसे कि, जदी आप सिरी से आपके ड्राइविंग लाइसेंस के फोटो खोजे के कहब तs उs आपके ड्राइविंग लाइसेंस नंबर के संगे अवुरी जानकारी दे दिहे।

एप्पल सिरी में ऐप इंटेंट के जोड़ले बा, जवना के चलते उs फर्स्ट पार्टी अवुरी थर्ड पार्टी ऐप के संगे काम करी। जईसे कि, जदी आप सिरी से आपके कवनो फोटो के संपादित करे के कहब तs उs आपके फोटो के संपादित कs दिही अवुरी छवि में जरूरी समायोजन करी। सिरी के नाया अवतार आईओएस 18 में देखाई दिही, जवन कि आवे वाला कुछ महीना में आईफोन में पेश कईल जाई।

एप्पल इंटेलिजेंस के हs

एप्पल आपन जनरेटिव एआई टूल एप्पल इंटेलिजेंस के भी घोषणा कईले बा। एप्पल के ई टूल ओपनएआई के चैटजीपीटी पs आधारित बा। यूजर आईफोन के संगे आईपैड अवुरी मैक में एप्पल इंटेलिजेंस के इस्तेमाल कs सकतारे। इs एआई टूल आईफोन में जेनरेटिव राइटिंग टूल के रूप में काम करी। एकरा अलावे सूचना के प्राथमिकता देवे के काम भी करी। एप्पल के दावा बा कि ओकर एआई टूल यूजर के प्राइवेसी के ध्यान में राखत यूजर के डिवाइस पs कवनो काम करी।

Tags :
Advertisement