टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

iPhone Tips: रेंग-रेंगके चलेला आईफोन? परेसान होखला के बजाय तुरंत अपनाई ई टिप्स

12:48 PM Aug 22, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

जदि रउआ आईफोन के इस्तेमाल करत बानीं तs रउआ खातिर ई खबर काम के हो सकत बा। दरअसल, एपल के तकनीक भलही बहुत अच्छा होखे, बाकिर एकरा बादो कुछ सालन बाद आईफोन बहुत धीमा गति से काम करे लागत बा। जदि रउओ एह दिक्कत से जूझ रहल बानी तs अब रउआ एकर समाधान मिल सकत बा। आगे खबर में जानीं कवना तरे से स्लो आईफोन के फास्ट कइल जा सकत बा।

Advertisement

कैशे फाइल्स करी रिमूव

जदि रउआ अक्सर अपना फोन के बेकार फाइल्स के फोन से हटावेनी ना तs एह वजह से फोन स्लो हो सकत बा। बहुत कम लोग समय-समय पs अपना-अपना फोन से गैर-जरूरी फाइल्स आ कैशे के रिमूव करेला। आईफोन में जवना फाइल्स के जरूरत नइखे भा फेर जवन फाइल्स ट्रैश बिन में पड़ल बा, ओकरा के फोन से हटा देवे के चाहीं। दरअसल, फोन से कैशे हटावे से फोन के स्पीड बढ़ जाला। हालांकि, कइयन बेर अइसन ना होला तब परेसानी कुछ आउर हो सकत बा।

एह सिस्टम के करी बंद

अक्सर लोगन के एह बात के जानकारी ना होला आ आईफोन के बैकग्राउंड में कइयन एप्स चलत रहत बा। एह वजह से आईफोन के स्पीड बहुते धीमा हो जाला। एकरा खातिर आईफोन के सेटिंग में जाये के होई, एकरा बाद एह सेटिंग के बंद कs सकत बानी। बाकिर नया आईफोन में बैकग्राउंड एप रिफ्रेश सिस्टम के ऑन रखे के सलाह दिहल जात बा।

सॉफ्टवेयर अपडेट के रखीं ध्यान

जदि राउर आईफोन कुछ साल पुरान हो गइल बा तs मुमकिन बा कि ओकर स्पीड बहुते धीमा हो गइल बा। कइयन बेर लोग फोन खातिर जरूरी सॉफ्टवेयर अपडेट के डिवाइस में इंस्टाल ना करेला। एह वजह से आईफोन के स्पीड स्लो हो जाला।

गैर-जरूरी चीजन के हटाई

आईफोन के गति बहुत कम हो गइल बा आ कवनो काम करे में जादे समय लागत बा तs परेसान होखला के बजाय आईफोन से गैर-जरूरी एप, फाइल्स, फोटो आ वीडियो के डिलीट कs दीं। अइसन कइला से आईफोन में स्टोरेज बढ़ जाई। संगही एह ट्रिक से आईफोन के स्पीडो में सुधार आ सकत बा।

Tags :
Bhojpuri Newsiphoneiphone tipsMake Your iPhone FasterTech News
Advertisement
Next Article