For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IPL 2024 में खतम भइल RCB के सफर, लीग के इतिहास में पहिला बेर टीम के साथे भइल अइसन

08:25 AM May 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
ipl 2024 में खतम भइल rcb के सफर  लीग के इतिहास में पहिला बेर टीम के साथे भइल अइसन
Advertisement

Advertisement

RCB VS RR IPL 2024 Playoffs : रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु टीम एक बेर फेरु आईपीएल के खिताब जीते से चूक गइल बिया. एलिमिनेटर मैच में उनुका राजस्थान रॉयल्स के खिलाफ हार के सामना करे के पड़ल. रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु लगातार 6 मैच जीत के प्लेऑफ में आपन जगह बना लेले रहे, बाकीर प्लेऑफ में पहिला मैच हार गईल रहे, जवना के चलते एs सीजन में उनुकर सफर खतम हो गईल बा। साथही राजस्थान रॉयल्स क्वालीफायर-2 में आपन जगहा के पुष्टि कs लिहले बा.

लीग के इतिहास में पहिला बेर आरसीबी के संगे अयीसन भईल

आईपीएल 2024 में आरसीबी के शुरुआत बहुते खराब रहल. पहिला 8 मैच में से उs मात्र 1 मैच जीतले रहले। हालांकि रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु टीम शानदार वापसी कइलस आ लगातार 6 गो मैच जीत के प्लेऑफ में चहुँप गइल. आईपीएल में ई चउथा बेर भइल जब रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु लगातार 5 भा ओकरा से अधिका मैच जीतल. पिछला तीन मौका पs आरसीबी टीम फाइनल में चहुँप गइल रहुवे. बाकिर अबकी फाइनल में चहुँपे से पहिले ऊ बाहर हो गइल जवन पहिले कबो ना भइल रहे.

आईपीएल में आरसीबी के लगातार सबसे जादा जीत

•आईपीएल 2011 - लगातार 7 जीत (उपविजेता)

•आईपीएल 2009 - लगातार 5 जीत (उपविजेता)

•आईपीएल 2024 - लगातार 6 जीत (एलिमिनेटर मैच में

हार)

•आईपीएल 2016 - लगातार 5 जीत (उपविजेता)

एह मैच के पूरा हालत इहे रहे 

राजस्थान रॉयल्स के कप्तान संजू सैमसन टॉस जीत के एह मैच में सबसे पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइलन. पहिले बल्लेबाजी करत आरसीबी टीम 20 ओवर में 8 विकेट के नुकसान में 172 रन बनवलस. एकरा बाद राजस्थान रॉयल्स टीम 6 विकेट के नुकसान में 19 ओवर में एह टारगेट के हासिल कईलस। अब आईपीएल 2024 के दुसरका क्वालीफायर मैच में राजस्थान रॉयल्स टीम के मुकाबला सनराइजर्स हैदराबाद से होखी. ई मैच 24 मई के चेन्नई के एमए चिदंबरम स्टेडियम में खेलल जाई. एह मैच के जीते वाली टीम के मुकाबला फाइनल में केकेआर से होखी.

Tags :
Advertisement