टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IPL 2024: आईपीएल में मैकगर्क के नाम एगो आउर रिकॉर्ड, चहल टी-20 में 350 विकेट पूरा करे वाला पहिला भारतीय बनलें 

10:46 AM May 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

आईपीएल 2024 के 56वां मैच में दिल्ली कैपिटल्स राजस्थान रॉयल्स के 20 रन से हरा देलस। एह मैच में दिल्ली के विस्फोटक ओपनर जेक फ्रेजर मैकगर्क कुछ अइसन कइले, जवन एकरा पहिले 16 सीजन में कवनो बल्लेबाज ना कs पाइल रहे। ऊ एगो आईपीएल सीजन में तीन बेर 20 से कम गेना पs अर्धशतक लगावे वाला दुनिया के पहिला बल्लेबाज बन गइल बा। एकरा पहिले यशस्वी जायसवाल आ निकोलस पूरन समेत सात बल्लेबाज एगो सीजन में दु बेर 20 से कम गेना पs अर्धशतक लगवले रहे लो। जेक एकरा से आगे निकल चुकल बा।

Advertisement

आईपीएल के सीजन में 20 से कम गेना पs सबसे जादे बेर अर्धशतक बनावे वाला बल्लेबाज

ई मैकगर्क के पहिला आईपीएल सीजन हs आ ऊ चार अर्धशतक लगा चुकल बाड़ें। एमे तीन अर्धशतक 20 से कम गेना पs आइल। ऊ सनराइजर्स हैदराबाद के खिलाफ दिल्ली में आ मुंबई इंडियंस के खिलाफ दिल्ली में 15-15 गेना पs अर्धशतक जड़ले रहस। ओहिजा, राजस्थान रॉयल्स के खिलाफ ऊ 19 गेना पs अर्धशतक लगवलें। राजस्थान के खिलाफ ऊ 20 गेना पs 50 रन बनाके आउट भइलें। मैकगर्क एह सीजन पावरप्ले के भीतरी दुगो अर्धशतक जड़ चुकल बाड़ें। मुंबई इंडियंस के खिलाफ दिल्ली में ऊ पावरप्ले के भीतरी 24 गेना में 78 रन बनवले बाड़ें। ओह मैच में ऊ 27 गेना में 11 चौका आ छव छक्का के मदद से 84 रन बनाके आउट भइल रहस।

ओहिजा, राजस्थान रॉयल्स के खिलाफ ऊ पांचवां ओवर में आउट भइलें। मैकगर्क 20 गेना में 50 रन के अपना पारी में सात चौका आ तीन छक्का लगवलें। मैकगर्क अब तक एह सीजन में पावरप्ले में 96 गेना खेलले बाड़ें आ 245 रन बनवलें। एह दौरान ऊ चार बेर आउट भइलें। उनकर औसत 61.2 के आ स्ट्राइक रेट 255.2 के रहल बा। मैकगर्क पावरप्ले के भीतरी 29 चौका आ 19 छक्का लगवलें बाड़ें।

दिल्ली खातिर आईपीएल में सबसे तेज अर्धशतक

गेना बल्लेबाज खिलाफ साल

15 जेक फ्रेजर-मैकगर्क सनराइजर्स हैदराबाद 2024
15 जेक फ्रेजर-मैकगर्क मुंबई इंडियंस 2024
17 क्रिस मॉरिस गुजरात लायंस 2016
18 ऋषभ पंत मुंबई इंडियंस 2019
18 पृथ्वी शॉ कोलकाता नाइट राइडर्स 2021
19 ट्रिस्टन स्टब्स मुंबई इंडियंस 2024
19 जेक फ्रेजर-मैकगर्क राजस्थान रॉयल्स 2024

ओहिजा, राजस्थान रॉयल्स के युजवेंद्र चहल दिल्ली के खिलाफ एह मैच में चार ओवर में 48 रन खर्च कइलें आ एक विकेट लेलें। ऊ ऋषभ पंत के आउट कइलें। एह विकेट के संगही चहल टी20 क्रिकेट में 350 विकेट पूरा करे वाला भारत के पहिला गेंदबाज आ दुनिया के पांचवां स्पिनर बन गइल बाड़ें। एह दौरान चहल के इकोनॉमी रेट 7.69 के रहल बा। भारत के ओर से दूसरका नंबर पs पीयूष चावला बाड़ें। ऊ टी20 प्रारूप में 310 विकेट लेले बाड़ें। ओहिजा, ओवरऑल टी-20 क्रिकेट में सबसे जादे विकेट लेवे वाला स्पिनर राशिद खान बाड़ें। ऊ 572 विकेट लेले बाड़ें।

भारत के ओर से टी-20 क्रिकेट में सबसे जादे विकेट लेवे वाला गेंदबाज

गेंदबाज विकेट इकोनॉमी
युजवेंद्र चहल 350 7.69
पीयूष चावला 310 7.52
आर अश्विन 303 7.09
भुवनेश्वर कुमार 297 7.28

टी20 क्रिकेट में 350 भा एकरा से जादे विकेट लेवे वाला स्पिनर

572 विकेट: राशिद खान
549 विकेट: सुनील नरेन
502 विकेट: इमरान ताहिर
482 विकेट: शाकिब अल हसन
350 विकेट: युजवेंद्र चहल

Tags :
Bhojpuri NewsIPL 2024Jack Freger MackgargNew IPL RecordsYajuvendra Chahal
Advertisement
Next Article