For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IPL 2024 Points Table: कोलकाता नाइटराइडर्स के जीत के बाद प्‍वाइंट्स टेबल में भइल बड़ बदलाव, अइसन बा बाकी टीम के हाल

10:58 AM May 06, 2024 IST | Sonu Kishor
ipl 2024 points table  कोलकाता नाइटराइडर्स के जीत के बाद प्‍वाइंट्स टेबल में भइल बड़ बदलाव  अइसन बा बाकी टीम के हाल
Advertisement

IPL 2024 Points Table: कोलकाता नाइटराइडर्स ऐतवार के आईपीएल 2024 के 54वां मैच में लखनऊ सुपरजायंट्स के 98 रन के विशाल अंतर से मात देलस आ प्‍वाइंट्स टेबल में शीर्ष स्‍थान हासिल कइलस। राजस्‍थान रॉयल्‍स के लंबा समय से चलल आ रहल बादशाहत के झटका लागल आ उऽ दूसरका स्‍थान पs खिसक गइल। आईपीएल 2024 के प्‍वाइंट्स टेबल में अन्‍य टीमन के हाल अइसन बा।

Advertisement

कोलकाता नाइटराइडर्स एतवार के आईपीएल 2024 के 54वां मैच में लखनऊ सुपरजायंट्स के 98 रन के विशाल अंतर से मात देलस आ प्‍वाइंट्स टेबल में शीर्ष स्‍थान हासिल कइलस। केकेआर एही के साथे राजस्‍थान रॉयल्‍स के बादशाहत के खत्‍म कइलस। केकेआर के 11 मैचन में ई आठवां जीत रहल।

केकेआर के जीत से राजस्‍थान रॉयल्‍स के बादशाहत खत्‍म भइल, जवन एगो स्‍थान के नुकसान के साथे दूसरका स्‍थान पs खिसक गइल। राजस्‍थान 10 मैचन में 8 मैच जीतल बा। संजू सैमसन के नेतृत्‍व वाली राजस्‍थान मंगर के जब दिल्‍ली के खिलाफ मैदान संभाली तऽ ओकरा लगे  शीर्ष पs पहुंचे के मौका होई।

हैदराबाद के मिलल फायदा

चेन्‍नई सुपरकिंग्‍स एतवार के पंजाब किंग्‍स के 38 रन से मात देलस आ उऽ तीसरका स्‍थान पs बरकरार बिया। उहे, लखनऊ सुपरजायंट्स के केकेआर के हाथन से मिलल विशाल शिकस्‍त के खामियाजा भुगते पड़ल आ उऽ टॉप-4 से बाहर हो गइल बिया। केएल राहुल के नेतृत्‍व वाली लखनऊ सुपरजायंट्स के टीम पांचवां स्‍थान पs बा।

एलएसजी के हार के फायदा सनराइजर्स हैदराबाद के मिलल, जवन चउथा स्‍थान पs पहुंच गइल बिया। हैदराबाद अबही ले 10 मैचन में 6 गो जीत दर्ज कइलस। एकरा अलावा दिल्‍ली कैपिटल्‍स, आरसीबी आ पंजाब किंग्‍स क्रमश: छठा, सातवां आ आठवां स्‍थान पs काबिज बा। गुजरात टाइटंस आ मुंबई इंडियंस क्रमश: 9वां आ 10वां स्‍थान पs काबिज बा।

बिगड़ सकत बा खेल

आईपीएल 2024 में सोमार के मुंबई इंडियंस आ सनराइजर्स हैदराबाद के बीच मुकाबला खेलल जाई। मुंबई इंडियंस के टीम प्‍लेऑफ के दौड़ से लगभग बाहर हो चुकल बिया आ ओकर कोशिश सनराइजर्स हैदराबाद के खेल बिगाड़े के होई। हैदराबाद जदि मुंबई से मुकाबला हारल तऽ ओकरा अपना अगिला तीन मैचन में कम से कम दू गो जीत जरुरत होई।

आईपीएल 2024 के प्‍लेऑफ में जगह पावे के रेस रोमांचक हो रहल बा आ इहे वजह बा कि प्रत्‍येक मैच महत्‍वपूर्ण बनत जा रहल बा। आवे वाला मैचन में समीकरण में उतार-चढ़ाव काफी देखे के मिल सकत बा।

Tags :
Advertisement