For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IPL: धोनी देले आईपीएल के अगिला सत्र में खेले के संकेत

09:53 AM Oct 28, 2024 IST | Sonu Kishor
ipl  धोनी देले आईपीएल के अगिला सत्र में खेले के संकेत
एमएस धोनी
Advertisement

आईपीएल 2025 के सीजन के तइयारी शुरू हो गइल बा आ अगिला कुछ दिन में फ्रेंचाइजी खिलाड़ियन के राखे आ रिहा करे के फैसला करी। ओने सभकर नजर चेन्नई सुपर किंग्स (सीएसके) के कप्तान रहल महेन्द्र सिंह धोनी पऽ बा। अब सीएसके के प्रशंसकन खातिर राहत के खबर बा काहे कि माही खुद आईपीएल के अगिला सीजन में खेले के संकेत दिहले बाड़न।

Advertisement

धोनी सीएसके के कप्तान पद छोड़ दिहले 

आईपीएल के अगिला सीजन से पहिले खिलाड़ियन के बड़हन नीलामी होखे वाला बा। एकरा से पहिले सगरी फ्रेंचाइजी के 31 अक्टूबर ले रिटेन खिलाड़ियन के सूची जमा करावे के पड़ी। मानल जात बा कि एह साल सीएसके धोनी के बिना कैप खिलाड़ी के रूप में बरकरार राखी जवना से उनका टीम में शामिल होखे के राह खुल जाई। मालूम बा कि धोनी आईपीएल 2024 से पहिले सीएसके के कप्तान पद छोड़ के टीम के कमान रुतुराज गायकवाड के सौंप देले रहले, जवना के चलते उनका भविष्य के बारे में अटकलबाजी होखत रहे।

'आखिरी कुछ बरिस खेले के लुत्फ उठावल चाहत बानीं'

अब धोनी खुद आईपीएल 2025 में खेले के संकेत देले बाड़े। उऽ कहले बाड़न कि खिलाड़ी के रूप में पिछला कुछ साल में जवन क्रिकेट खेलत बाड़न ओकर मजा लेबे के चाहत बाड़न। धोनी कहले कि हम अपना पिछला कुछ साल में जवन क्रिकेट खेले में सफल भइल बानी ओकर मजा लेबे के चाहत बानी। हम खेल के ओइसहीं मजा लेबे के चाहत बानी जइसे बचपन में हमनी का साँझ के चार बजे बाहर निकल के खेलत रहीं जा, बस खेल के मजा लेत रहीं सन। जब रउरा एह खेल के प्रोफेशनली खेलत बानी तऽ कबो कबो एकर मजा लेबे में दिक्कत हो जाला। हमरा हर काम में भावना आ प्रतिबद्धता शामिल होला बाकिर हम अगिला कुछ साल ले एह खेल के मजा लेबे के चाहत बानी।

हालही में चेन्नई सुपर किंग्स के मुख्य कार्यकारी अधिकारी कासी विश्वनाथन कहले रहले कि उनका उमेद बा कि आवे वाला सीजन में धोनी एगो खिलाड़ी का रूप में टीम के हिस्सा बन जइहें। धोनी 2023 में बायां घुटना के सर्जरी के बाद 2024 के आईपीएल सीजन में क्रम में कम बल्लेबाजी कइले रहले। भारत के कप्तान रहल एह खिलाड़ी के कहनाम बा कि ई फैसला मुख्य रूप से एह खातिर कइल गइल बा कि भारतीय युवा खिलाड़ियन के टी-20 विश्व कप से पहिले मैदान पर समय बितावे के मौका मिल जाव।

धोनी कहले, हमार सोच सरल रहे, जदि दोसर लोग आपन काम बढ़िया से कर रहल बा तऽ हमरा क्रम से उऽपर आवे के जरूरत काहे बा। अगर रउरा खास तौर पऽ पिछला सीजन के बात करत बानी तऽ टी-20 विश्व कप टीम के एलान जल्दिए होखे वाला रहे। तऽ हमनी के ओह लोग के मौका देबे के पड़ी जे राष्ट्रीय टीम में जगहा के दौड़ में रहले। सीएसके में रविन्द्र जडेजा आ शिवम दुबे जइसन खिलाड़ी रहले जिनका भारतीय टीम में आवे खातिर अपना के साबित करे के मौका के जरूरत रहे। हमरा खातिर ओमें कुछुओ ना रहे, ना कवनो चयन आ सामान। तऽ हम निचला क्रम में खेलत बढ़िया बानी आ हमार टीम हम जवन करत रहनी ओकरा से खुश रहे।

Tags :
Advertisement