For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IPL के प्‍लेऑफ में दु बेर भिड़ चुकल बा Rajasthan Royals आ RCB, आंकड़न से समझीं केकर पलड़ा भारी

11:02 AM May 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ipl के प्‍लेऑफ में दु बेर भिड़ चुकल बा rajasthan royals आ rcb  आंकड़न से समझीं केकर पलड़ा भारी
Advertisement

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु आ राजस्‍थान रॉयल्‍स के बीच अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्‍टेडियम में आईपीएल 2024 के एलिमिनेटर मैच 22 मई के खेलल जाई। राजस्‍थान रॉयल्‍स के टीम अधिकांश समय आईपीएल 2024 में प्‍वाइंट्स टेबल में शीर्ष स्‍थान पs रहल, बाकिर आखिरी कुछ मैचन के समय में ओकर लय बिगड़ल आ लीग चरण के अंत में ऊ तीसरा स्‍थान पs रहल।

Advertisement

दरअसल, राजस्‍थान रॉयल्‍स के अतवार के गुवाहाटी में कोलकाता नाइटराइडर्स के खिलाफ मैच बरखा के कारण रद्द हो गइल आ एह वजह से ओकरा तीसरा स्‍थान से संतोष करे के पड़ल। केकेआर पहिला स्‍थान हासिल कs के रखले रहे, जबकि रॉयल्‍स के दूसरा स्‍थान हासिल करे खातिर जीत के जरूरत रहे। बाकिर बारिश रॉयल्‍स के अरमानन पs पानी फेर देलस आ ओकरा तीसरा स्‍थान से संतोष करे के पड़ल।

अब राजस्‍थान रॉयल्‍स आ रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के बीच एलिमिनेटर मैच खेलल जाई। जवन टीम एमे विजेता बनी, ऊ दूसरा क्‍वालीफायर में प्रवेश करी। चलीं, रउआ के बतावत बानी कि आईपीएल इतिहास में पहिले ई दुनो टीम कब प्‍लेऑफ में भिड़ल रही सs।

राजस्‍थान बनाम बेंगलुरु के प्‍लेऑफ इतिहास

बता दीं कि आईपीएल प्‍लेऑफ में राजस्‍थान रॉयल्‍स आ रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के बीच दु बेर भिड़ंत भइल बा। दुनो टीम एक-एक बेर एक-दूसरा के मात देले रही सs। सबसे पहिले 2015 में एलिमिनेटर मैच में आरसीबी आ आरआर के आमना-सामना भइल रहे। तब आरसीबी आरआर के 71 रन के विशाल अंतर से मात देले रहे।

एह मैच के बात करीं तs आरसीबी पहिले बैटिंग कs के 180 रन के स्‍कोर बनवले रहे। एबी डीविलियर्स आ मंदीप सिंह अर्धशतक जमवले रहे लो। फेर हर्षल पटेल, श्रीनाथ अरविंद, डेविड वीज आ युजवेंद्र चहल दु-दु विकेट लेके राजस्‍थान रॉयल्‍स के कमर तुड़ल लो। आरसीबी आरआर के 109 रन पs ऑलआउट कइलस।

दु साल पहिले रॉयल्‍स लेलस बदला

एकरा बाद आईपीएल 2022 के दूसरका क्‍वालीफायर में आरसीबी आ आरआर के फेर भिड़ंत भइल। बेंगलुरु एलिमिनेटर मैच में लखनऊ के मात देके दूसरका क्‍वालीफायर में प्रवेश कइले रहे, जबकि रॉयल्‍स के गुजरात टाइटंस से पहिला क्‍वालीफायर में शिकस्‍त मिलल रहे।

एह मैच में आरसीबी पहिले बल्‍लेबाजी कs के 157 रन बनावल। रजत पाटीदार अर्धशतक जमवलस। बाकिर जोस बटलर शतक जड़के आरसीबी के उम्‍मीद तुड़लस आ रॉयल्‍स के सात विकेट के आसान जीत दिलवलस।

रोमांचक मैच के उम्‍मीद

आरसीबी आ राजस्‍थान रॉयल्‍स के बीच आंकड़न के देखके लगत बा कि एलिमिनेटर मैच बेहद रोमांचक होखे के उम्‍मीद बा। आरसीबी प्‍लेऑफ में जगह बनावे वाला चउथा टीम रहल, जबकि रॉयल्‍स दूसरका स्थान पs रहे। आरसीबी पहिला बेर आईपीएल खिताब जीते खातिर जोर लगावत नजर आई। राजस्‍थान रॉयल्‍स दूसरका बेर चैंपियन बने खातिर एड़ी-चोटी के दांव लगावत नजर आई।

Tags :
Advertisement