टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ईरानी राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी के हेलीकॉप्टर अब ले नाहीं मिलल, अजरबैजान में भइल बा क्रैश

10:32 PM May 19, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

ईरानी राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी के लेके जात हेलीकाप्टर अतवार के दिने पूर्वी अजरबैजान के के लगे दुर्घटनाग्रस्त हो गइल आ अबहीं ले नइखे मिलल. दुर्घटना के बाद बचाव अभियान चल रहल बा बाकीर बचाव दल अबे ले हेलीकाप्टर ले नईखे पहुंच पावल। ईरान के एगो टेलीविजन चैनल के मुताबिक, ईरान के तरबेज शहर के सांसद मोहम्मद रेजा मीर ताज कहले कि, राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी के हेलीकाप्टर अबे तक नईखे मिलल .उs बतवले कि बचाव में लागल अधिकारी अवुरी सेना भी दुर्घटना स्थल ले पहुंचे खातीर ड्रोन के इस्तेमाल करतिया, बाकीर अबे ले उs लोग सफल नईखे भईल अवुरी उनुका से संपर्क नईखे हो पावत।

खराब मौसम के चलते हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त

ईरानी सांसद मोहम्मद रेजा मीर ताज कहले कि, "प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी के हेलीकाप्टर पूर्वी अजरबैजान प्रांत के आसपास के जंगल से गुजरत रहे, तबे अचानक दुर्घटनाग्रस्त हो गईल, जवन कि तबरीज से 106 किलोमीटर दूर बा। हेलीकाप्टर पs सवार लोग अभी तक लापता बाड़े।" कवनो संपर्क नइखे भइल." ईरान के गृहमंत्री अहमद वाहिदी कहले कि, "राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी के हेलीकाप्टर खराब मौसम अवुरी कोहरा से टकरा गईल अवुरी एकरा चलते उनुका संगे आईल एगो हेलीकाप्टर, जवन कि राष्ट्रपति के लेके जात रहे, हार्ड लैंडिंग करे के पड़ल। खराब मौसम "आ कोहरा के चलते , हेलीकाप्टर ले पहुंचे में समय लाग सकता।"

समाचार एजेंसी एपी के रिपोर्ट के मुताबिक, अमेरिकी विदेश विभाग कहले बा कि उs ईरानी राष्ट्रपति अवुरी विदेश मंत्री के लेके जाए वाला हेलीकाप्टर के हार्ड लैंडिंग के खबर पs बारीकी से नजर राखता।

 

 

Tags :
country and abroadIbrahim RaisiIranian PresidentIranian President Ibrahim RaisiIranian President Ibrahim Raisi's helicopter crashesnews accidentnews accident news in Bhojpuriइब्राहिम रईसीईरानी राष्ट्रपतिईरानी राष्ट्रपति इब्राहिम रईसीदेश विदेशन्यूज़ दुर्घटनान्यूज़ दुर्घटना न्यूज़ इन भोजपुरी
Advertisement
Next Article