For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

का लालू यादव कर रहल बाड़े BJP के मदद? पप्पू के बयान से मचल सियासी बवाल; मुकेश सहनी के देले 'हिंट'

05:48 PM Apr 08, 2024 IST | Sonu Kishor
का लालू यादव कर रहल बाड़े bjp के मदद  पप्पू के बयान से मचल सियासी बवाल  मुकेश सहनी के देले  हिंट
Advertisement

पूर्णिया लोकसभा सीट से निर्दलीय चुनाव लड़ रहल पप्पू यादव लालू यादव के लेके बड़ दावा कइले बाड़न। उऽ लालू के नाम तऽ नइखन लेले बाकिर इशारा - इशारा में लालू यादव के बीजेपी के बी टीम कह देले। पप्पू यादव ई तऽ बिल्कुल स्पष्ट शब्दन में कहले कि ई लोग बाहर से कैंडिडेट लिया के खड़ा कर रहल बा। मुकेश सहनीयो के जवन सीट चाहीं उऽ ना मिलल।

Advertisement

पूर्णिया लोकसभा सीट से निर्दलीय चुनाव लड़ रहल पप्पू यादव के ताजा बयान सियासी भूचाल लिया देले बा। उऽ बिना लालू-तेजस्वी के नाम लेले बड़ बयान देले बाड़े। इशारा - इशारा में पप्पू यादव उनका के बीजेपी के बी टीम तक कह देले।

पप्पू यादव सोमवार के मीडिया मुखातिब होत रहले। एही दौरान उऽ कहले कि हम ई कुल ए टीम भा बी टीम पऽ का बोली? ई लोग तऽ हर जगह बाहर से लिया के कैंडिडेट खड़ा कर रहल बा।

'मुकेश सहनीयो के सम्मान ना देलस लो...'

पप्पू यादव आगे कहले कि जे आदमी मुकेश सहनी को कबो इज्जत ना देलस लो उनको के ई लोग साथे ले आइल। हालांकि, उनको के सम्मान ना देलस। मुकेश सहनी दरभंगा मांगत रहलें आ उनका के दूसर सीट दे देलस लो।

एनडीए के मजबूत कर रहल बाड़े...'

पप्पू यादव ने कहले कि हम निर्दलीय बानी आ निर्दलीय उम्मीदवार जनता के उम्मीदवार होला, जनता के आशीर्वाद हमरा  साथे बा। उऽ चाहत बाड़े कि  जाति आ  धर्म के राजनीति खत्म होखे। कुछ पार्टि के लोग आपना अहंकार के चलते एनडीए के मजबूत कर रहल बा।

कांग्रेस उनका के पर्चा वापस लेवे खातिर कहले रहें। एही सवाल पऽ पप्पू यादव कहले कि कांग्रेस लीडरशिप आ पार्टी के लोग चाहत बा कि हम पूर्णिया से चुनाव लड़ी।

Tags :
Advertisement