For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

के बाड़ी मिस वर्ल्ड 2024 में भारत के रिप्रेजेंट करे वाली सिनी शेट्टी? खूबसूरती देख लोग भइले दीवाना

05:30 PM Feb 25, 2024 IST | Raj Nandani
के बाड़ी मिस वर्ल्ड 2024 में भारत के रिप्रेजेंट करे वाली सिनी शेट्टी  खूबसूरती देख लोग भइले दीवाना
Advertisement

Miss World 2024: भारत में 9 मार्च 2024 के 71वीं मिस वर्ल्ड प्रतियोगिता होखे वाला बा । इ मुंबई के जियो वर्ल्ड कन्वेंशन सेंटर में आयोजित कइलऽ जाई । पिछला साल 13 फरवरी के मिस वर्ल्ड ऑर्गनाइजेशन के चेयरपर्सन जूलिया मॉर्ले घोषणा कइले रहले कि प्रतियोगिता संयुक्त अरब अमीरात में होई । हालांकि, जल्दिए निर्णय बदल देवलऽ गइले आ जियो वर्ल्ड कन्वेंशन सेंटर के प्रतियोगिता के स्थल के रूप में चुनलऽ गइलऽ।

Advertisement

मिस वर्ल्ड 2021 के विनर पोलिश मॉडल कैरोलिना बिलावस्का नई मिस वर्ल्ड के ताज पहनाई । एह साल प्रतियोगिता में सिनी शेट्टी भारत के प्रतिनिधित्व करी आइ जाने के हs सिनी शेट्टी

सिनी शेट्टी के जन्म आ पालन-पोषण मुंबई, महाराष्ट्र में भइलऽ हालांकि, उनकर पैतृक जड़ दक्षिणी राज्य कर्नाटक से संबंधित बा ।

सिनी शेट्टी के लगे अकाउंटिंग आ फाइनेंस में ग्रेजुएशन के डिग्री बा । उऽ सीएफए (चार्टर्ड फाइनेंशियल एनालिस्ट) भी रहलऽ बाड़ी ।

मॉडलिंग के करियर बनावला के बावजूद सिनी अपना जीवन मे कुछ समय खातिर एगो मार्केटिंग फर्म में काम कइली ।

14 साल के उम्र में सिनी भरतनाट्यम परफॉर्म कइले रही । सिनी पढ़ाई के संगे संगे बचपने से डांस अकैडमी में रहली ।

सिनी मीडिया के बतsवली कि उऽ प्रियंका चोपड़ा से बेहद प्रेरित बाड़ी । सिनी उनकर खुला विचार से बेहद प्रभावित रहेली।

Tags :
Advertisement