टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Israel-Hamas War: 'हमनीं तेल अवीव पऽ कइनीं बड़ मिसाइल हमला...', हमास के आर्म्ड विंग के बड़ दावा; इजरायल कइलस जवाबी कार्रवाई

09:20 PM May 26, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Israel-Hamas War हमास के सशस्त्र शाखा अल-कसम ब्रिगेड कहले कि उऽ रविवार के तेल अवीव पs एगो बड़ मिसाइल हमला कइले। बतावल जा रहल बा कि इजरायली सेना संभावित आवे वाला रॉकेटन के चेतावनी खातिर शहर में सायरन बजवलस। रविवार के अपना टेलीग्राम चैनल पs एगो बयान में अल-क़सम ब्रिगेड कहले कि रॉकेट नागरिकम के खिलाफ ज़ायोनी नरसंहार के जवाब में लॉन्च कइल गइल रहे।

Advertisement

इजरायल आ हमास के बीच कई महीना से जंग छिड़ल बा। एह युद्ध में दुनु तरफ से हजारन लोग अबही ले जान गवां देलस। ई जंग पूरा मिडल ईस्ट में कोहराम मचा के रखले बा। दुनु ओर एह जंग से तबाही मचल बा। हमास के ओर शुरू भइल एह जंग के अब इजरायली सेना नअपना मिशन बना लेले बा आ हमास के ठिकानन के तबाह करे के कसम खा लेले बा एही बीच खबर बा हमास एक बार फेर तेल अवीव पs बड़ मिसाइल हमला कइले बा।

केहू के हताहत होखे के कवनो रिपोर्ट नइखे

हमास अल-अक्सा टीवी कहलस कि रॉकेट गाजा पट्टी से लॉन्च कइल गइल रहे। पिछला चार महीनन से तेल अवीव में रॉकेट सायरन ना सुनल गइल रहे। इजरायली सेना तुरंत सायरन के कारण नइखे बतवले। इजरायली आपातकालीन चिकित्सा सेवा कहलस कि ओकरा कवनो तरे हताहत होखे के कवनो रिपोर्ट नइखे मिलल।

साभार - दैनिक जागरण

Tags :
Desh -VideshHamas NewsIsrael- Hamas WarIsrail warWar news
Advertisement
Next Article