For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर में रात से हो रहल बा झमाझम बारिश: आज पूरा दिन बरखा के अनुमान, मौसम सुहाना भइल

10:13 AM Aug 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर में रात से हो रहल बा झमाझम बारिश  आज पूरा दिन बरखा के अनुमान  मौसम सुहाना भइल
Advertisement

गोरखपुर के लोगन के गर्मी आ उमस से अब राहत मिलल बा। मंगर से गरज-चमक के साथ बरखा सुरू भइल तs एकर क्रम अभी तक चल रहा बा। बरखा के वजह से सिटी के कुछ एरिया में पानी भर गइल। अभियो आसमान में करिया बादल छाइल बा आ मौसम सुहाना भइल बा।

Advertisement

मौसम विभाग के मोताबिक आज पूरा दिन बरखा होखे के अनुमान बा। आज दिन में तापमान 30-31°C के बीच बनल रही। ओहिजा, न्यूनतम तापमान 27°C के आसपास बनल रही। दिन में 40-45 kmph के रफ्तार से तेज हवा के साथ झमाझम बरखा देखे के मिली।

तीन दिनन तक होई झमाझम बारिश

मौसम वैज्ञानिक डॉ. कैलाश पांडेय बतवलें कि नौ अगस्त तक गोरखपुर में कइयन जगहन पs बादलन के गरज चमक के संगे मध्यम से तेज बरखा होई। एह दौरान बादल छाइल रही। आवे वाला दु-तीन दिनन तक अच्छा बरखा होखे के अनुमान बा। एसे लोगन के राहत मिली। तापमान में अभी गिरावट जारी रही।

जुलाई में सामान्य से लगभग 95 MM कम भइल बरखा 

मौसम विज्ञान विभाग के मोताबिक, गोरखपुर में जुलाई के मानसून पिछला बरिस के तुलना में अपेक्षाकृत सूखल रही। एह महीना कुल 105 MM बरखा दर्ज कइल गइल बा। जबकि सामान्यतः जुलाई में 200 MM बरखा के उम्मीद होला। एह तरे, जुलाई 2024 में बरखा के मात्रा सामान्य से लगभग 95 MM कम रहल बा।

सात साल में सबसे जादे 2021 आ 2023 में बरखा भइल

यूपी में सामान्य 829.8 MM बरखा होला। हाल के कुछ साल में प्रदेश में मानसून के बरखा के आंकड़न पs गौर करीं तs 2023-24 में सामान्य के तुलना में 71% (589.3 MM) बरखा भइल रहे। 2022-23 में एह अवधि में प्रदेश में 62% (514.3 MM), 2021-22 में 87.5% (726 MM) आ 2020-21 में 77.2% (640.2 MM) बरखा भइल रहे।

Tags :
Advertisement