टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

प्रभु श्रीराम के नगरी में घूमल आसान, एयरपोर्ट पऽ उतरते मिली ई सिटी बस, एह सुविधा के जानीं

11:55 AM Aug 07, 2024 IST | Sonu Kishor
Glimpses of Pran Pratishtha ceremony of Shree Ram Janmaboomi Temple in Ayodhya, Uttar Pradesh on January 22, 2024. PM presents on the occasion.
Advertisement

भगवान श्री राम के नगरी में आवे वाला लोग खातिर सुविधा लगातार बढ़ रहल बा। अब महर्षि वाल्मीकि हवाई अड्डा से शहर के कवनो हिस्सा में जाए खातिर ई-सिटी बस के सुविधा उपलब्ध बा। एहसे भक्तन के साथे-साथे दोसरा लोग के सुविधा होई।

Advertisement

उत्तर प्रदेश के रामलाला के शहर में सुविधा बढ़ावे के योजना पs लगातार काम कइल जाता। देश के हर कोना से हवाई जहाज से आवे वाला पर्यटक आ भक्तन के सुविधा के ध्यान में राखत मंगर के दिने महर्षि वाल्मीकी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा से सिटी बस सेवा शुरू कर दिहल गइल। हवाई अड्डा से परिवहन खातिर ओला आ उबर टैक्सी सेवा पहिलहीं से उपलब्ध बा। अब लोग बहुत कम किराया पs सिटी बस से अयोध्या घूम सकेलें। सिटी बस सेवा में तीन इलेक्ट्रिक बस लगावल गइल बा।

विधायक वेद प्रकाश गुप्ता हरियर झंडा देखा के सिटी बस सेवा के संचालन शुरू कइले। एह मौका पs विधायक वेद प्रकाश कहले कि अयोध्या में पर्यटकन के सगरी सुविधा दिहल जा रहल बा जवन एकरा के अंतर्राष्ट्रीय पर्यटन स्थल के रूप में विकसित करे खातिर जरूरी बा। आयुक्त गौरव दयाल के मुताबिक अयोध्या के सरकार के ओर से एगो अउरी उपहार मिलल बा। महर्षि वाल्मीकी हवाई अड्डा पs सिटी बस सेवा शुरू हो गइल बा।

इहाँ से संचालन शुरू होइ

हवाई अड्डा से लता मंगेशकर चौक तक तीन गो ई-बस चलावल जा रहल बा। एह ई-सिटी बसन से यात्री महर्षि वाल्मीकी हवाई अड्डा से नाका, सहदतगंज, अयोध्या कैंट बस स्टेशन, रिकाबगंज स्क्वायर, नियावान होत पूरा राम पथ के कवर कर सकेलें। सिटी बस राम मंदिर के सामने से गुजर के लता मंगेशकर चौक पहुंची। एयरपोर्ट सिटी बस सेवा के उद्घाटन के मौका पs आईजी प्रवीण कुमार, निदेशक हवाई अड्डा विनोद कुमार समेत बाकी अधिकारी मौजूद रहले।

हवाई अड्डा पऽ यात्री सुविधा में बढ़ोतरी

हवाई अड्डा के निदेशक विनोद कुमार कहले कि यात्री खातिर सुविधा बढ़ावल जाता। बहरी इलाका में ड्राइवर कैंटीन खोल दिहल गइल बा। बाहर के लोगो उहाँ के सुविधा के लाभ उठा सकेला। एकरा अलावा ओला अउरी उबर टैक्सी सेवा चलावल जाता, जवना के ऑनलाइन बुकिंग कइल जा सकऽता। एयरपोर्ट के भीतर जल्दिए एगो रेस्टोरेंट खोलल जा रहल बा। उहाँ यात्री लोग के खाना-नाश्ता के सुविधा मिली। जल्दिए हवाई अड्डा के भीतर एगो जनरल स्टोर खुल जाई। ओहिजा पर्यटकन के आपन मनपसंद सामान मिल जाई।

Tags :
Ayodhya Airportayodhya airport newsAyodhya CityAyodhya Ram Mandir NewsKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article