टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भीषण सड़क दुर्घटना से दहल उठल आइवरी कोस्ट, 21 लोगन के मउत, 10 से जादा भइले घायल

08:53 AM Nov 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
Road Accident
Advertisement

 

Advertisement

 

 

अफ्रीका महाद्वीप के एगो देश आइवरी कोस्ट में भइल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में बहुते लोग के जान गँवावे के खबर बा. सोमार के अधिकारी के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक एs सड़क दुर्घटना में 21 लोग के मउत हो गईल अवुरी कम से कम 10 लोग घाही हो गईले। परिवहन मंत्रालय के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि, इs जानलेवा दुर्घटना अतवार के रात सोब्रे अवुरी गगनोआ शहर के जोड़े वाला सड़क के एगो हिस्सा पs भईल। हालांकि बहुत लोग के जान ले जाए वाला एs भयावह दुर्घटना के बारे में अवुरी कवनो जानकारी नईखे दिहल गईल।

साल के शुरुआत में भी एगो गंभीर दुर्घटना भईल रहे

मंत्रालय के बयान के मुताबिक दुर्घटना के कारण के पता लगावे खातीर जांच शुरू कs दिहल गईल बा। बयान में कहल गईल कि, 'परिवहन मंत्रालय सभ ड्राइवर से निहोरा करता कि सड़क यातायात के दौरान जादा सतर्क रहे के चाही, खास तौर प दोसरा गाड़ी के ओवरटेक करे खातीर रेसिंग करत समय यातायात के नियम के पालन करे के चाही अवुरी गति बनावे राखे खातीर अलग-अलग स्पीड लिमिट के मुताबिक गाड़ी चलावे के चाही।' बता दी कि साल के शुरुआत में भी उत्तरी आइवरी कोस्ट में एगो टैंकर ट्रक एगो बस से टकरा गईल, जवना में 13 लोग के मउत हो गईल। एह भयावह हादसा में 44 लोग भी घायल हो गइलें।

 

Tags :
accidentafricaIvory Coastroad accident
Advertisement
Next Article