टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पीएम मोदी के जगह अब जयशंकर करिहें संयुक्त राष्ट्र के संबोधित, आखिरी वक्त में कइल गइल बदलाव

11:56 AM Sep 07, 2024 IST | Minee Upadhyay
पीएम नरेंद्र मोदी आ विदेश मंत्री डॉ. एस जयशंकर: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

 

28 सितंबर के संयुक्त राष्ट्र में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संबोधन के कार्यक्रम में अचानक बदलाव आ गईल बा। बता दीं कि अब प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एहिजा होखे वाला संयुक्त राष्ट्र महासभा के प्रस्तावित सत्र के दौरान सालाना आम बहस में भाषण ना दीहें. विदेश मंत्री एस जयशंकर अपना जगह के संबोधित करे के संभावना बा। संयुक्त राष्ट्र के ओर से जारी वक्ता के संशोधित प्रोविजनल सूची से इs बात सोझा आईल बा। प्रधानमंत्री एह महीना के आखिर में न्यूयार्क के दौरा करे वाला बाड़न.उनुकर योजना बा कि 22 सितंबर के लांग आइलैंड के 16,000 सीट वाला नासाउ वेटरंस मेमोरियल कोलिजियम में एगो भव्य कम्युनिटी इवेंट के संबोधित करीहे।

संयुक्त राष्ट्र के ओर से जुलाई में महासभा के 79वां अधिवेशन के आम बहस खातीर जारी वक्ता के एगो प्रोविजनल सूची में कहल गईल रहे कि मोदी 26 सितंबर के होखेवाला उच्च स्तरीय बहस में बयान दिहे। हालांकि शुक के जारी एगो संशोधित प्रोविजनल सूची के मुताबिक अब विदेश मंत्री जयशंकर मोदी के जगह 28 सितंबर के होखे वाला आम बहस में इs भाषण देवे के संभावना बा। एह सूची के साथे महासभा आ सम्मेलन प्रबंधन के उप महासचिव मूव्स एबेलियन के हस्ताक्षर वाला एगो नोट जारी कइल गइल बा जवना में कहल गइल बा कि वक्ता लोग के संशोधित सूची में “प्रतिनिधित्व के स्तर (‘उन्नयन’) में आइल बदलाव के ध्यान में राखल गइल बा. अपग्रेड’ आ ‘डाउनग्रेड’) के तइयार कइल गइल बा आ सदस्य देशन के बीच के आदान-प्रदान के दर्शावत बा.

 

 

Tags :
indiaPm Narendra ModiS JaishankarUNUN AddressUN Meeting
Advertisement
Next Article