टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Farmers Protest: GT करनाल रोड पs कइयन किमी तक जाम, किसानन के 'दिल्ली चलो' प्रदर्शन से सिंधू बॉर्डर पs पुलिस बढ़वलस चौकसी

10:59 PM Feb 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

किसानन के विरोध प्रदर्शन के देखत दिल्ली के सिंधू बॉर्डर पs सुरक्षा-व्यवस्था के इंतजाम कड़ा कs दिहल गइल बा, जवना के चलते जीटी करनाल रोड पs ट्रैफिक जाम लाग रहल बा। रोड पs वाहनन के रफ्तार धीमा हो गइल बा। रात होखला के वजह से वाहन धीरे-धीरे चल रहल बाड़ें सs।

Advertisement

दिल्ली में बॉर्डर के कइल गइल सील

आवे वाला 13 फरवरी के होखे वाला किसान आंदोलन "दिल्ली चलो" के सुगबुगाहट के बीच दिल्ली पुलिस सिंधू बॉर्डर पs चौकसी बढ़ा देले बिया। अतवार के सबेरही से सिंधू पs भारी मात्रा में कंटीला तार, मिट्टी से भरल बोरी, सीमेंट आ लोहा के बैरिकेड्स आ आउर सामान ले आवल गइल।

आठ से जादे क्रेन आ जेसीबी बॉर्डर पs मवजूद बा। कइयन गो बड़ कंटेनर ले आवल जा रहल बा। जरूरत पड़ला पs एह कंटेनर के बॉर्डर पs खड़ा करे के तइयारियो चल रहल बा।

पुलिस के तइयारी पूरा 

जिला के एगो पुलिस अधिकारी के मोताबिक सुरक्षा के लेके दिल्ली पुलिस लगभग सारा तइयारी पूरा कs लेले बिया। आलाधिकारियन के निरदेस पs बॉर्डर पs सुरक्षा के लेके इंतजाम बढ़ावल जा रहल बा। कइयन तरे के सामान मंगवावल गइल बा। बॉर्डर के अगल-बगल दिल्ली के सीमा में बंद पड़ल सीसीटीवी कैमरन के सही करावल जा रहल बा।

कइयन गो अतिरिक्त कैमरो दिल्ली पुलिस के ओर से लगावल गइल बा। आधा दर्जन से जादे ड्रोन से सीमा क्षेत्र में निगरानी रखल जाई। ड्रोन के संगे ड्रोन चलावे वालन के बोलावल जा चुकल बा। कइयन लेयर में सीमेंट के बैरिकेड्स लगावे के तइयारी बा। बॉर्डर के अगल-बगल दिल्ली पुलिस मचान बनावे में जुटल बिया। तीन से जादे मचान बनके तइयार हो चुकल बा।

एह मचानन से पुलिस के जवान सीमा पs हो रहल गतिविधियन पs नजर बना के रखले बा लो। सिंधू बॉर्डर पs 16 कंपनियन के तैनाती होई। जेमे दिल्ली पुलिस आ अर्द्ध सैनिक बल के 2500 से 3000 जवान तैनात रही लो। अतवार ले इहां करीब-करीब एक सौ पुलिस आ अर्द्धसैनिक बल के जवान पहुंच चुकल बा लो।

एगो पुलिस अधिकारी के मोताबिक दिल्ली पुलिस पूरा तरे से अलर्ट मोड पs बिया, हालात देखला के बादे आगे आउर जवान बॉर्डर पs बोलावल जा सकत बा लो। सीमा क्षेत्र में यातायात पुलिसो लगातार वाहनन के चेकिंग कs रहल बिया। चेकिंग के बादे सीमा के भीतर गाड़ी आ रहल बाड़ी सs। एकरा अलावे रोशनी खातिर अतिरिक्त लाइटो के बेवस्था कइल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsDelhi Chalo MovementDelhi PoliceFramers ProtestGT Karnal RoadSindhu Border
Advertisement
Next Article