टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली के जामिया यूनिवर्सिटी में हंगामा, लागल अल्लाह हू अकबर आ फिलिस्तीन जिंदाबाद के नारा

12:51 PM Oct 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

दिल्ली के जामिया मिलिया इस्लामिया यूनिवर्सिटी में मंगल के रात कुछ विद्यार्थियन के ओर से आयोजित दिवाली समारोह के दौरान हंगामा मच गइल. विद्यार्थियन के दू गो समूह एक दोसरा से टकरा गइल. विवाद एतना बढ़ गईल कि झगड़ा ले पहुंच गईल। आरोप बा कि दिवाली समारोह के खिलाफ एगो समुदाय के छात्र विरोध प्रदर्शन शुरू कs देले। बहुत संख्या में पहुंचल कुछ खास समुदाय के छात्र दीया जराए अवुरी रंगोली के विरोध कईले। एह दौरान झगड़ा भी भईल|

एह दौरान कवनो खास समुदाय के छात्र धार्मिक नारा लगवले। 100 से जादा लोग हंगामा मचावत बाड़े। लोग अल्लाह हू अकबर आ फिलिस्तीन जिन्दाबाद के नारा भी उठा रहल बा। नाराबाजी के चलते माहौल तनावपूर्ण हो गईल

पुलिस के कहनाम बा कि घटना गेट 7 के नजदीक रात के करीब 7:30-8 बजे भईल। अबे ले कवनो प्राथमिकी दर्ज नईखे भईल। शांति सुनिश्चित करे खातिर कैंपस के बहरी पुलिस के तैनाती कईल गईल बा। एबीवीपी से जुड़ल छात्र के एगो समूह दिवाली खातीर दीप लगावे अवुरी रंगोली बनावत रहे, तबे नाराज छात्र के एगो अवुरी समूह सजावट के बाधित कs देलस, जवना के चलते झड़प हो गईल।

फिलहाल मौका पs स्थिति पुलिस के नियंत्रण में बा। झड़प में कवनो छात्र के घायल होखे के कवनो जानकारी नईखे। काल्हु रात हंगामा मचावे वाला विद्यार्थियन के अलगा कs दिहल गइल.

 

 

 

Tags :
ABVPdelhiDiwaliJamia Millia Islamia University
Advertisement
Next Article