टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Terror Attack in Doda: Reasi आ Kathua के बाद अब Doda में Terrorist Attack

12:38 PM Jun 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सुरक्षाबल जिला डोडा में अपना आतंकरोधी अभियान के जारी रखत बुध के एगो आतंकी के मार गिरावल लो। ओकरा आउर साथियन के खिलाफ सुरक्षाबल आपन अभियान जारी रखले बा लो। मारल गइल आतंकी के तत्काल पहचान नइखे हो पाइल, बाकिर ओकर बिदेसी होखे के संभावना बा।

Advertisement

आतंकियन के खिलाफ सुरक्षाबल के चल रहल बा अभियान

जिला डोडा के छत्तरगला आ गंदोह में 11 आ 12 जून के आतंकी सुरक्षाबलन के चौकियन पs दु गो हमला कइले रहलें सs। एह हमलन में छव सुरक्षाकर्मी घायल भइल रहे लो।

संबधित अधिकारी बतावल लो कि डोडा में छिपल आतंकियन के खिलाफ सुरक्षाबल एगो अभियान चला रहल बा लो। एही अभियान के तहत जिला के अलग-अलग क्षेत्रन में तलाशी लिहल जा रहल बा।

सबेरे जवानन पs कइले रहs सs फायरिंग

आज सबेरे पता चलल कि गंदोह के बजर सिन्नू इलाका में आतंकियन के एगो दल देखल गइल बा। सुरक्षाबल तुरंत सिन्नू के रुख कइल लो। आतंकी जवानन के अपना ठिकानन के तरफ से आवत देखले उनका पs फायरिंग करत उहां से भागे के प्रयास कइले सs।

जवान खुद के बचावत जवाबी फायर कइल लो आ एकरा संगही उहां मुठभेड़ सुरु हो गइल। कुछे देर में सुरक्षाबल एगो आतंकी के मार गिरावल लो।

Tags :
Bhojpuri NewsDoda Terrorist AttackJammu-Kashmir encounterReasi & Kathua AttackTerror Attack in DodaTerrorist Killed
Advertisement
Next Article