टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अयोध्या, बद्रीनाथ में मिलल हार, अब BJP के मिलत बा माता वैष्णो देवी के आशीर्वाद

02:28 PM Oct 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
श्री माता वैष्णो देवी मंदिर: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

 

लोकसभा चुनाव 2024 के दौरान यूपी के अयोध्या (फैजाबाद) सीट पs मिलल हार भाजपा के बहुत निराश कs देले रहे। एकरा अलावे उत्तराखंड के बद्रीनाथ सीट पs भईल उपचुनाव में भाजपा के हार से भी आहत भईल। संगही अब जम्मू कश्मीर के एक सीट पs भाजपा के बहुत राहत मिलत देखाई देता। जम्मू-कश्मीर विधानसभा चुनाव के जारी वोट गिनती के बीच श्री माता वैष्णो देवी विधानसभा सीट पs भाजपा के उम्मीदवार आगे बाड़े। श्री माता वैष्णो देवी विधानसभा सीट पs आठ दौर के गिनती पूरा हो चुकल बा, जवना के मुताबिक भाजपा के उम्मीदवार बलदेव राज शर्मा 1995 वोट से आगे बाड़े। दूसरा स्थान पs निर्दलीय उम्मीदवार जुगल किशोर अवुरी तीसरा स्थान पs कांग्रेस के उम्मीदवार भूपेंद्र सिंह बाड़े।

श्री माता वैष्णो देवी सीट पs पहिला बेर भइल चुनाव

बता दीं कि जम्मू-कश्मीर पुनर्गठन अधिनियम 2019 के तहत कई गो नया विधानसभा सीट बनावल गईल, जवना में से एगो रहे श्री माता वैष्णो देवी विधानसभा सीट। एकरा से पहिले इs सीट रियासी विधानसभा सीट के तहत आईल रहे। अब परसीमन के बाद गुल अरनास आ रियासी के कुछ इलाका के मिला के ई सीट बनावल गइल जवना में कटरा, भोमाग, भाबर ब्राह्मण आ भाग कोटली भी शामिल बा। अबकी बेर एह सीट पs पहिला बेर चुनाव भइल. श्री माता वैष्णो देवी विधानसभा सीट भाजपा खातिर भी महत्वपूर्ण बा काहे कि हिन्दू लोग में वैष्णो देवी के महत्वपूर्ण स्थान बा आ पूरा देश के नजर एह सीट पs बा।

इ सीट भी महत्वपूर्ण बा काहे कि भाजपा के मुख्य एजेंडा रहल लोकसभा चुनाव में भाजपा अयोध्या सीट गंवा चुकल रहे। एकरा संगे उत्तराखंड के बद्रीनाथ सीट पs भईल उपचुनाव में भाजपा के भी हार के सामना करे के पड़ल, एहीसे अब लोग के नजर श्री माता वैष्णो देवी सीट पs बा, जहां पहिला बेर चुनाव भईल बा। भाजपा एह सीट पs बलदेव राज शर्मा के आपन उम्मीदवार बना दिहले बिया. उनुकर विरोधी कांग्रेस के उम्मीदवार भूपेंद्र सिंह बाड़े। दुनों के पीडीपी के प्रताप कृष्ण शर्मा भी चुनौती देले। श्री माता वैष्णो देवी सीट पs दूसरा चरण में 25 सितंबर के मतदान भईल।

 

 

 

Tags :
Assembly Election 2024ayodhyaBjpJammu Kashmir Assembly Election 2024Vaishno Devi
Advertisement
Next Article