For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Jammu Kashmir Terrorist Attack: राजौरी में सेना के शिविर पऽ गोलीबारी, आतंकियन के पकड़े खातिर सर्च ऑपरेशन शुरू

08:30 AM Jul 22, 2024 IST | Sonu Kishor
jammu kashmir terrorist attack  राजौरी में सेना के शिविर पऽ गोलीबारी  आतंकियन के पकड़े खातिर सर्च ऑपरेशन शुरू
Advertisement

Jammu- Kashmir Terrorist Attack: जम्मू-कश्मीर में आतंकी हमला आजकल जम्मू-कश्मीर में एक के बाद एक आतंकी हमला हो रहल बा। सोमवार के सबेरे राजौरी जिला के एगो सेना शिविर पs आतंकी गोलीबारी कइले सरकारी सूत्र से मिलल जानकारी के मोताबिक इ गोलीबारी सबेरे चार बजे भइल। आतंकियन के पकड़े खातिर सेना बड़हन पैमाना पs तलाशी अभियान शुरू कऽ देले बिया।

Advertisement

सोमवार के सबेरे जम्मू कश्मीर के राजौरी जिला के गुंडा इलाका में संदिग्ध आतंकी सेना के कैंप पs हमला कऽ देले। सरकारी सूत्र के मोताबिक इ फायरिंग सबेरे 4 बजे भइल। जानकारी मिल रहल बा कि एह आतंकी हमला में एगो जवान घवाहिल हो गइल बा। आतंकी के हमला के बाद सुरक्षा बल घेराबंदी कऽ के तलाशी अभियान शुरू क देले बाड़े।

साभार: दैनिक जागरण

Tags :
Advertisement