टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भारतीय नौसेना के जहाज से जम्मू के नौसैनिक लापता : पिछला 6 दिन से कवनो सुराग नइखे; कोच्चि से 25 फरवरी के रवाना भइल रहे शिप

04:47 PM Mar 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भारतीय नौसेना के जहाज से एगो नौसैनिक पिछला 6 दिन से लापता बा। नौसैनिक के पहचान सी मैन II रैंक के साहिल वर्मा के रूप में कइल गइल बा। ऊ 27 फरवरी से लापता बा। 19 साल के साहिल जम्मू के रहे वाला हवे। ऊ 2022 में भारतीय नौसेना में सामिल भइल रहस।

Advertisement

भारतीय नौसेना के पश्चिमी नौसेना कमान सनीचर (2 मार्च) के घटना के जानकारी देलस। नौसेना बतवलस कि साहिल के तलाश खातिर जहाजन आ विमानन के संगे बड़ पैमाना पs सर्च ऑपरेशन सुरू कइल गइल बा। नौसेना, नौसेना बोर्ड ऑफ इंक्वायरी के ममिला के जांच के आदेस देले बा।

25 फरवरी के आखिरी बार लउकल रहस साहिल

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, साहिल जवना शिप से लापता भइल बा, ऊ 25 फरवरी के कोच्चि से रवाना भइल रहे। साहिल के आखिरी बेर 25 फरवरी के शिप पs देखल गइल रहे। उनका लापता होखे के परिस्थिति अभी ले स्पष्ट नइखे।

शिप कैप्टन परिवार के फोन पs लापता होखे के जानकारी देलें 

साहिल के लापता होखे के जानकारी उनका परिवार के 29 फरवरी के दिहल गइल। साहिल के पिता सुभाष चंद्र बतवलें- हमनी के 29 फरवरी के शिप कैप्टन के फोन आइल रहे। ऊ बतवलें कि साहिल के 27 फरवरी के बाद से कवनो पता नइखे।

Tags :
Bhojpuri NewsIndian NavyIndian Navy Personal LostJammu News
Advertisement
Next Article