टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Jamui News: सबेरे-सबेरे चाय बनावे खातिर माचिस जरवते भारी धमाका भइल, 7 गो दोकान जरि के राख हो गइल

11:29 AM Aug 05, 2024 IST | Khabar Editor
Advertisement

जमुई न्यूज : बतावल जाता कि जवना दोकान के नुकसान भइल बा, उहे दोकान हs जवना के पूंजी बहुत कम बा, जवन कि कवनो तरीका से फुटपाथ पs आपन दोकान लगावत रहले। इहाँ से कमाई के आमदनी से ऊ आपन परिवार चलावत रहले। बाकी अब एक चाय के दोकानदार के लापरवाही के चलते सब के भारी नुकसान भइल बा।

Advertisement

हाइलाइट

सिलेंडर विस्फोट के लपट देख के  लोग घबराइल 

बिहार के जमुई जिला में सोमवार के सबेरे करीब चार बजे जमुई जिला के सिकंदरा के मुख्य चौक के नजदीक चाय के दोकान के सिलेंडर में आग लगला के चलते फुटपाथ पs बसल सात गो दोकान जरी के राख हो गइल। एगो छोट लापरवाही के चलते परिवार के लोग खातीर ई घटना समस्या बन गइल बा। अब लोग के चिंता बा कि फुटपाथ पs बनल ए दोकान से रोज रोजी-रोटी कमाए वाला सात परिवार कइसे जिही।

बतावल जा रहल बा कि जवना दोकान सन के नुकसान भइल बा ऊ बहुते कम पूंजी वाला बाड़े सs ,जे कवनो ना कवनो तरीका से फुटपाथ पर आपन दोकान लगावत रहले। इहाँ से कमाई के आमदनी से ऊ आपन परिवार चलावत रहले। बाकी अब एक चाय के दोकानदार के लापरवाही के चलते सब के भारी नुकसान भइल बा। जानकारी के मुताबिक सोमवार के सबेरे सिकंदरा निवासी सुरेंद्र पंडित अपना चाय के दोकान पs पहुंचले। एह दौरान चाय बनावे खातिर गैस के चूल्हा जरते ही छोट गैस सिलेंडर में रिसाव के चलते आग लाग गइल, जवना में चाय के दोकानदार भी जर गइल।

आग के लपट के तीव्रता के चलते बगल के सैलून, मिठाई, आलू आ फूल के दोकान समेत सात दोकान जरा के राख हो गइल। आग लगला के चलते छोट गैस सिलेंडर फट गइल। आवाज सुन के पास में लोग के भीड़ जमा हो गइल। मुख्य चौक में पानी के कमी के चलते पास के लोग आग ना बुझा पवले। स्थानीय लोग एकरा बारे में सिकंदरा थाना के जानकारी देले। मिनी फायर इंजन के इस्तेमाल से आग बुझावे के कोशिश कइल गइल। बाकी, जब तक थाना से दु फायर ब्रिगेड पहुंचल आ आग बुझा देलस, तब तक 7 दोकान जरा के राख हो गइल। आग लगला से जवना दोकानदार के दोकान जरल बा, ओ लोग के हालत खराब बा आ ऊ लोग रोवत बाड़े।

Tags :
Bhojpuri khabarbig breakingbihar fireJamuiJamui NewskhabarBhojpuriOfficialshops caught fire
Advertisement
Next Article