टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

शक्तिशाली भूकंप से झूला के जइसन हिलल जापान, ऊंच लहर के साथे सुनामी के चेतावनी से डरल लोग

11:58 AM Sep 24, 2024 IST | Minee Upadhyay
जापान में शक्तिशाली भूकंप से गिरल घर: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

जापान में आइल तेज भूकंप झूला निहन इमारतन के हिला देले बा। एकरा से जनता में दहशत बनल बा। एह भूकंप के बाद जापानी मौसम विज्ञान एजेंसी मंगल के दिने टोक्यो के दक्खिन में मौजूद एह दूरस्थ द्वीप समूह खातिर सुनामी के चेतावनी जारी कइले बिया. दूर के समुद्र तट पs आइल एह भूकंप के चलते कवनो तरह के जान भा संपत्ति के नुकसान के बारे में अबहीं ले कवनो जानकारी नइखे मिलल. हमनी के बता दीं कि जापान मौसम विज्ञान एजेंसी (जेएमए) के मुताबिक, इs भूकंप मंगलवार के सबेरे इजु द्वीप के तटीय इलाका में आईल, जवना के तीव्रता 5.9 नापल गईल।

 

कुछ मिनट बाद इलाका में एक मीटर तक ऊँच लहर के लेके सुनामी के चेतावनी जारी कईल गईल। जेएमए के रिपोर्ट में कहल गइल बा कि हचिजो द्वीप के याएने जिला में करीब 50 सेंटीमीटर के सुनामी के पता चलल बा. एजेंसी के कहना बा कि समुद्र तट पs आइल ई भूकंप टोक्यो से करीब 300 किलोमीटर दक्खिन में हचिजो द्वीप से करीब 180 किलोमीटर दक्खिन में आइल बा. जापान के एनएचके राज्य टेलीविजन चैनल के मुताबिक, हचिजो द्वीप के निवासी के रिपोर्ट बा कि उनुका भूकंप के एहसास ना भईल अवुरी उs लोग खाली सुनामी के चेतावनी सुनले। जापान 'रिंग ऑफ फायर' में स्थित बा। ई प्रशांत महासागर के एगो इलाका हवे जहाँ भूकंप के खतरा ढेर होला।

 

 

Tags :
EarthquakeEarthquake EpicenterEarthquake Hits Japanjapan
Advertisement
Next Article