टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Champions Trophy 2025: चैंपियंस ट्रॉफी में जसप्रीत बुमराह के खेलला पs संशय; आज टीम घोषित करे के अंतिम तारीख

10:43 AM Jan 12, 2025 IST | Anurag Ranjan
बुमराह - फोटो : BCCI
Advertisement

स्पोर्ट्स डेस्क: भारत के स्टार तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह के चैंपियंस ट्रॉफी में भागीदारी पs संदेह के बादल मंडरा रहल बा। बुमराह के ऑस्ट्रेलिया दौरा पs सिडनी में आखिरी टेस्ट के दौरान कमर में समस्या भइल रहे। एकरा बाद ऊ स्कैनिंगो खातिर गइल रहस। हालांकि, उनकर रिपोर्ट के खुलासा ना कइल गइल। अब उनका चैंपियंस ट्रॉफी जइसन मार्की टूर्नामेंट में खेलला पs संशय बरकरार बा। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, उनका के भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के ओर से बेंगलुरु में राष्ट्रीय क्रिकेट अकादमी के दौरा करे खातिर कहल गइल बा। भारत चैंपियंस ट्रॉफी में अपना अभियान के सुरुआत 20 फरवरी के दुबई में बांग्लादेश के खिलाफ करी। एकरा खातिर टीम के एलान के अंतिम तारीख आज हs।

Advertisement

बुमराह-गंभीर-रोहित - फोटो : ICC

चोट के गंभीरता पs तय होई बुमराह के वापसी

चैंपियंस ट्रॉफी में भारत के प्रदर्शन बहुत हद तक बुमराह के मवजूदगी पs निर्भर करी। अभी ले बीसीसीआई बुमराह के पीठ के ऐंठन के ग्रेड (चोट का स्तर) नइखे बतवलें। बुमराह के चोट जदि ग्रेड एक श्रेणी में बा तs उनकर खेल में वापसी (आरटीपी माने रिटर्न टू प्ले) से पहिले कम से कम तीन हफ्ता तक रिहैबिलिटेशन में बितावे के होई। ग्रेड दु के चोट से उबरे में छव हफ्ता लाग सकत बा, जबकि गंभीर मानल जाये वाला ग्रेड तीन खातिर कम से कम तीन महीना के आराम आ रिहैबिलिटेशन के जरूरत होला।

एनसीए के रिपोर्ट कs सकत बाड़ें जसप्रीत बुमराह

इंडियन एक्सप्रेस के रिपोर्ट के मोताबिक, 'ऊ (बुमराह) रिहैब खातिर एनसीए जइहें। प्रारंभिक रिपोर्ट में कहल गइल बा कि उनका फ्रैक्चर नइखे, बाकिर उनका पीठ पs सूजन ना। एहिसे एनसीए उनका रिकवरी पs नजर राखी आ ऊ तीन हफ्ता तक ओहिजा रहिहें। बाकिर एकरा बादो एकरा उनका एक भा दु मैच खेले के होई, भलही ऊ उनका मैच फिटनेस के जांच खातिर आयोजित अभ्यास मैच होखे।' तीन हफ्ता के मतलब बा कि बुमराह ग्रेड-एक चोट के श्रेणी से गुजर रहल बाड़ें। बीसीसीआई फिलहाल ई उम्मीद कs रहल बा कि बुमराह जल्दिए ठीक हो जाई, बाकिर जहां तक उनकर चयन के बा, एकरा बारे में बहुत निश्चितता नइखे। उनका के अस्थायी टीम में सामिल कइल जा सकत बा, बाकिर अंतिम फैसला सोच-समझके लिहल जाई।

भारत के चैंपियंस ट्रॉफी से पहिले छव फरवरी से इंग्लैंड के खिलाफ सीमित ओवर के सीरीज खेले के बा। एह सीरीज खातिर बुमराह के आराम दिहल जा सकत बा। चयनकर्तन के नजर चैंपियंस ट्रॉफी खातिर एगो मजबूत भारतीय टीम चुनला पs बा आ बुमराह एह टीम के अहम कड़ी बाड़ें। इंग्लैंड के टीम पांच टी20 आ तीन मैचन के वनडे सीरीज खातिर भारत आ रहल बिया। टी20 सीरीज खातिर सनीचर के भारतीय टीम के एलान कइल गइल।

बुमराह 150 से जादे ओवर फेंकलें

बुमराह फिलहाल पीठ के ऐंठन के समस्या से जूझ रहल बाड़ें। ऊ हाले में खत्म भइल बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी में ऑस्ट्रेलिया के हाथन 1-3 से करारी हार में 32 विकेट लेके भारत के सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी रहलें। 30 साल के ई गेंदबाज पीठ के ऐंठन के कारणे ऑस्ट्रेलिया के दूसरका पारी में गेंदबाजी ना कs सकल रहे। ऊ पांच मैचन के एह सीरीज में 150 से जादे ओवर फेंकलें। बुमराह जरूरत से जादे कार्यभार के कारण चोटिल भइल बाड़ें आ बीसीसीआई के मेडिकल टीम ई सुनिश्चित करे के कोसिस करी कि ऊ चैंपियंस ट्रॉफी जइसन बड़ टूर्नामेंट खातिर तइयार रहस।

चैंपियंस ट्रॉफी में भारत के प्रदर्शन बुमराह पs निर्भर

यह लगभग पहिलही से तय रहे कि बुमराह इंग्लैंड के खिलाफ द्विपक्षीय टी20 अंतरराष्ट्रीय सीरीज ना खेलिहें काहेकि एह साल एह प्रारूप के विश्व कप भा कवनो बड़ा टूर्नामेंट नइखे। चैम्पियंस ट्रॉफी के देखत इंग्लैंड के खिलाफ वनडे में उनका तीन में से कम से कम दु मैच खेले के अनुमान रहे। अब हालांकि उनकर चोट के गंभीरता से पता चली कि ऊ इंग्लैंड के खिलाफ 50 ओवर के प्रारूप में खेल पइहें कि ना। भारत 22 जनवरी से इंग्लैंड के खिलाफ पांच मैचन के टी20 सीरीज खेली, जबकि वनडे सीरीज के शुरुआत छव फरवरी से होई। एह सीरीज के आखिरी मैच 12 फरवरी के अहमदाबाद में होई।

Read Also: SpaDex: इतिहास रचे के करीब इसरो; ‘हैंडशेक’ खातिर तीन मीटर के करीब आइल दुनो उपग्रह, अब डॉकिंग खातिर तइयार

Tags :
AustraliaBhojpuri NewsChampions TrophyJaspreet Bumrahjasprit bumrahTEAM FOR CHAMIPONS TROPHY
Advertisement
Next Article