जसप्रीत बुमराह के चोट पs आइल सबसे बड़ अपडेट, एतना महीना खातीर हो सकेले बाहर
भारत आ आस्ट्रेलिया के बीच खेलल गइल बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी 5 जनवरी के खतम हो गइल. 5 मैच के एह टेस्ट सीरीज में टीम इंडिया के 1-3 से हार के सामना करे के पड़ल। एह सीरीज के आखिरी टेस्ट मैच सिडनी में भइल जवना के दुसरका दिने जसप्रीत बुमराह कमर में चोट के चलते मैदान से बाहर हो गइलन आ ओकरा बाद ऊ गेंदबाजी ना कs पवले. टीम इंडिया के तिसरका दिन गेंदबाजी में एकर नतीजा भोगे के पड़ल। बुमराह के अनुपस्थिति में भारतीय गेंदबाजी कमजोर हो गइल आ आस्ट्रेलिया 6 विकेट से मैच जीत के सीरीज पs कब्जा कs लिहलस आ विश्व टेस्ट चैम्पियनशिप के फाइनल में आपन जगहा पक्का कs लिहलस.
बुमराह के चोट के चलते तनाव में टीम इंडिया
एही बीच जसप्रीत बुमराह के कमर के चोट के लेके एगो बड़ अपडेट सामने आईल बा। जानकारी के मुताबिक बुमराह के चोट के संबंध आस्ट्रेलिया के खिलाफ टेस्ट सीरीज में काम के बोझ से बा। अइसना में बीसीसीआई के मेडिकल टीम के कोशिश बा कि बुमराह के आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी 2025 खातिर तइयार कइल जा सके काहे कि एह टूर्नामेंट में उनुकर खेल टीम इंडिया खातिर बहुते जरूरी बा. आस्ट्रेलिया के खिलाफ 5 मैच के टेस्ट सीरीज में जसप्रीत बुमराह 150 ओवर से अधिका गेंदबाजी कइलन आ 32 गो विकेट लिहलन.
एह घटनाक्रम से जुड़ल सूत्र के मुताबिक पीटीआई के रिपोर्ट में कहल गईल कि, बुमराह के पीठ के ऐंठन के ग्रेड के बारे में अबे ले कवनो जानकारी नईखे मिलल। अगर बुमराह के चोट ग्रेड 1 के श्रेणी में बा तs ओकरा खेल में लवट आवे से पहिले कम से कम दू से तीन हफ्ता के रिहैब के जरूरत पड़ी. ग्रेड 2 के चोट के स्थिति में ठीक होखे में 6 सप्ताह ले के समय लाग सकता जबकि ग्रेड 3 जवन कि सबसे गंभीर प्रकृति के होखेला, ओकरा में कम से कम तीन महीना के आराम अवुरी पुनर्वास कार्यक्रम के जरूरत होखेला।
भारत-इंग्लैंड के सीरीज ना खेले के मौका मिल सकेला
ध्यान देवे वाला बात बा कि भारत अवुरी इंग्लैंड के बीच 5 मैच के टी-20 सीरीज 22 जनवरी से शुरू होखे वाला बा। एकरा बाद 6 फरवरी से दुनो टीम के बीच 3 मैच के वनडे सीरीज खेलल जाई। वनडे सीरीज के बाद भारतीय टीम 20 फरवरी से चैंपियंस ट्रॉफी में भाग ली. अइसना में बुमराह के चोट से टीम इंडिया तनाव में पड़ गइल बा. अगर बुमराह चोट के चलते एक महीना ले भी मैदान से बाहर बाड़न तs इंग्लैंड के खिलाफ वनडे सीरीज ना खेल पइहें. अगर उनुकर चोट अउरी गंभीर हो गइल तs उनुका चैंपियंस ट्रॉफी से बाहर होखे के खतरा हो सकेला.