For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ICC: निर्विरोध आईसीसी के अध्यक्ष चुनल गइलें सचिव जय शाह, एक दिसंबर से संभरिहें पद

11:31 AM Aug 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
icc  निर्विरोध आईसीसी के अध्यक्ष चुनल गइलें सचिव जय शाह  एक दिसंबर से संभरिहें पद
Advertisement

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के सचिव जय शाह अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) के अगिला अध्यक्ष चुनल गइल बाड़ें। अक्तूबर 2019 से बीसीसीआई के कामकाज संभाल रहल जय शाह एक दिसंबर 2024 से आईसीसी चेयरमैन के पद संभरिहें। मवजूदा अध्यक्ष ग्रेग बार्कले के कार्यकाल 30 नवंबर के समाप्त हो रहल बा आ एह पद खातिर नामांकन करे के अंतिम तिथि 27 अगस्त रहे। शाह के अब बीसीसीआई सचिव के पद छोड़े के होई। बोर्ड के आमसभा के बैठक अगिला महीना भा अक्तूबर में होई।

Advertisement

आईसीसी बोर्ड में सबसे प्रभावशाली चेहरा बाड़ें जय शाह

आईसीसी के अनुसार, जय शाह एकमात्र उम्मीदवार रहस जे एह पद खातिर नामांकन भरले रहस आ उनका के निर्विरोध अगिला अध्यक्ष चुनल गइल बा। बार्कले 30 नवंबर के अपना कार्यकाल समाप्त होखला के बाद तीसरका कार्यकाल के दौड़ से खुद के अलग कs लेले रहस। जवना से खेल के वैश्विक संचालन संस्था में जय शाह के भविष्य के लेके अटकल तेज हो गइल रहे। शाह के आईसीसी के बोर्ड में सबसे प्रभावशाली चेहरन में से एगो मानल जाला। ऊ वर्तमान में आईसीसी के शक्तिशाली वित्त आ वाणिज्यिक ममिलन के उप समिति के प्रमुख के कार्यभार संभारत रहस।

विश्व क्रिकेट के सबसे अमीर बोर्ड के सबसे दमदार व्यक्ति

शाह के चयन तबे तय हो गइल रहे जब ऊ उम्मीदवारी पेश कइले रहस। भारतीय बोर्ड आईसीसी के राजस्व में 75 प्रतिशत से जादे के जोगदान देला। समझल जाला कि एसईएनए क्रिकेट बोर्ड (दक्षिण अफ्रीका, इंग्लैंड, न्यूजीलैंड और आस्ट्रेलिया) में से एगो शाह के नाम के प्रस्ताव रखलस आ एगो अनुमोदन कइलें।

'हमनी के लक्ष्य क्रिकेट के अउरियो प्रसिद्ध बनावे के बा'

आईसीसी अध्यक्ष पद पर चुनल गइला के बाद जय शाह क्रिकेट के वैश्विक पहुंच आ लोकप्रियता के आगे बढ़ावे के इरादा व्यक्त कइलें। आईसीसी के बयान के अनुसार, शाह कहलें, आईसीसी अध्यक्ष पद पs चुनल गइला से हम  अभिभूत बानी। हम वैश्विक क्रिकेट के आगे बढ़ावे खातिर आईसीसी टीम आ हमनी सदस्य देसन के संगे काम करे खातिर प्रतिबद्ध बानी। हमनी के एगो महत्वपूर्ण मोड़ पs खड़ा बानी सs जहां कइयन प्रारूपन के सह-अस्तित्व के संतुलित कइल, नया तकनीक के अपनावे के बढ़ावा देहल आ हमनी के प्रमुख कार्यक्रमन के नया वैश्विक बाजारन में पेश कइल बहुत महत्वपूर्ण हो गइल बा। हमनी के लक्ष्य क्रिकेट के आउर प्रसिद्ध बनावल बा।

Tags :
Advertisement