For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Jaya Kishori: हैंडबैग के इस्तेमाल के आरोपन पऽ का बोलली जया किशोरी?

04:42 PM Oct 29, 2024 IST | Sonu Kishor
jaya kishori  हैंडबैग के इस्तेमाल के आरोपन पऽ का बोलली जया किशोरी
Jaya Kishori dior bag जया किशोरी के आइल सफाई।
Advertisement

कथावाचक अपना महँग हैंडबैग से जुड़ल विवाद के चलते खबर में बाड़ी। आध्यात्मिक वक्ता पऽ गाय के चमड़ा से बनल महंगा हैंडबैग के इस्तेमाल करे के आरोप बा। अब जया एहप सफाई दे दिहले बाड़ी।

Advertisement

ब्रांड देखला के बाद एकर इस्तेमाल ना करेनी

जया किशोरी कहली कि ब्रांड के देखला के बाद केहु कवनो चीज इस्तेमाल ना करेला। तू कहीं जइबऽ आ जदि कवनो चीज नीक लागे तऽ खरीद लेलऽ। उ कहली कि जवनो आरोप लगावल गइल बा, ओकर सच्चाई अलग बा। जया कहली कि इ पूरा तरीका से कस्टमाइज्ड फैब्रिक बैग हऽ आ इ लेदर बैग ना हऽ।

आपन तपस्या ना तुड़ब

जया आगे कहली कि हमार कुछ सिद्धांत बा, जवना में से एगो सिद्धांत बा कि हम चमड़ा के इस्तेमाल ना करेनी, हम कबो एकर इस्तेमाल नइखी कईले। बाकिर अगर हमरा कवनो चीज पसंद बा आ हम ओकरा के खरीद लेवेनी। जया आगे कहली कि हम पछिला 22 साल से पाठ पूजा करतानी आ अब इ तपस्या ना तुड़ब।

Tags :
Advertisement