For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

JEE Main 2025 में रजिस्ट्रेशन खातीर आज अंतिम तारीख, एs बेर कइल गइल इs बड़ बदलाव

12:14 PM Nov 22, 2024 IST | Minee Upadhyay
jee main 2025 में रजिस्ट्रेशन खातीर आज अंतिम तारीख  एs बेर कइल गइल इs बड़ बदलाव
JEE Main
Advertisement

Advertisement

राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी यानी एनटीए आज 22 नवंबर के संयुक्त प्रवेश परीक्षा (जेईई मेन्स 2025) फेज-1 खातिर आवेदन विंडो बंद कs दिही। अइसना में जेईई मेन्स के सत्र-1 के परीक्षा में शामिल होखे के चाहत ऊ अभ्यर्थी आधिकारिक वेबसाइट jeemain.nta.nic.in पs जा के आवेदन कs सकेलें. याद राखीं कि एगो ताजा अधिसूचना का माध्यम से एनटीए साफ कs दिहले बा कि जेईई मेन के आवेदन के आखिरी तारीख ना बढ़ावल जाई.

करेक्शन विंडो कब खुली?

आखिरी तारीख से पहिले आवेदन करे वाला उम्मीदवार के आपन फार्म में संशोधन करे के इजाजत दिहल जाई अवुरी 26 से 27 नवंबर के बीच सुधार करे के मौका मिली।

परीक्षा कब होई?

जेईई मुख्य सत्र-1 के परीक्षा 22 जनवरी से 31 जनवरी 2025 ले होई। इs परीक्षा दु पाली में होई – पहिला पाली सबेरे 9 बजे से दुपहरिया 12 बजे ले अवुरी दूसरा पाली दुपहर 3 बजे से शाम 6 बजे ले होई।

आवेदन में कवन सुधार कइल जा सकेला?

उम्मीदवारन के याद राखे के चाहीं कि सुधार विंडो के दौरान रउरा के आपन मोबाइल नंबर, ईमेल पता, स्थायी/वर्तमान पता, आपातकालीन नंबर के विवरण आ फोटो बदले के इजाजत ना दिहल जाई.

नीचे दिहल विवरण में से कवनो एक में बदलाव के अनुमति दिहल जाई

*नाम

*माता के नाम

*पिता के नाम

एs सभ डिटेल में कs सकेनी बदलाव

*कक्षा 10/समकक्ष विवरण

*कक्षा 12/समकक्ष विवरण

*पैन नंबर

*जन्म तिथि

*जेंडर

*कैटेगरी

*सब कैटेगरी

*दिव्यांग उम्मीदवार के स्थिति

*सिग्नेचर

अगर सुधार के चलते आवेदन शुल्क बढ़ गइल तs उम्मीदवारन के अतिरिक्त शुल्क देबे के पड़ी आ भुगतान कइला के बाद ही फील्ड अपडेट कइल जाई. हालांकि सुधार के बाद जदी फीस कम हो गईल तs एजेंसी उम्मीदवार के पईसा वापस ना करी। अधिक जानकारी खातिर एनटीए के आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं.

अबकी बेर कवन बदलाव भइल 

धारा बी में वैकल्पिक सवाल खतम कs दिहल गइल.

उमिर के मापदंड खतम हो गइल.

टाई ब्रेकिंग के नियम में बदलाव भईल बा, जवना के बाद उहे नंबर मिलला पs अब उमर अवुरी आवेदन संख्या पs विचार ना कईल जाई।

परीक्षा केंद्र के संख्या भी घट के 284 हो गईल।

अब आधार आ हाई स्कूल के मार्कशीट में नाम मेल खाए के जरुरत नइखे रहि गइल.

संख्यात्मक मूल्य के सवालन खातिर निगेटिव मार्किंग शुरू हो गइल. एहमें हर गलत जवाब खातिर एक अंक काटल जाई.

Tags :
Advertisement