For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

जहानाबाद में बाबा सिद्धेश्वर नाथ के मंदिर में मचल भगदड़, 3 महिला लो समेत 7 श्रद्धालुअन के मउत; 35 लो घायल

08:22 AM Aug 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
जहानाबाद में बाबा सिद्धेश्वर नाथ के मंदिर में मचल भगदड़  3 महिला लो समेत 7 श्रद्धालुअन के मउत  35 लो घायल
Advertisement

Advertisement

बिहार के जहानाबाद जिला के बाबा सिद्धेश्वर नाथ के मंदिर में भगदड़ मच गईल। 3 महिला सहित 7 भक्त के मउत हो गईल। 35 गो श्रद्धालु घायल हो गइल बाड़े. इs घटना मखदुमपुर प्रखंड के वाणावर पहाड़ इलाका में भईल। भगदड़ के जानकारी मिलते प्रशासन के टीम मौका पs पहुंचल। मंदिर परिसर में तैनात सुरक्षा बल अवुरी स्वयंसेवक के मदद से राहत अवुरी बचाव के काम कईल जाता।

जलाभिषेक के दौरान मंदिर में भगदड़ मच गईल

सावन के सोमार रहे एहसे मंदिर में भक्तन के लमहर कतार लागल रहे। भगवान शिव के जलाभिषेक के दौरान मंदिर में भगदड़ मच गईल। भारी संख्या में श्रद्धालु के मउत हो गईल अवुरी घायल भी हो गईले। घाही श्रद्धालु के पास के अस्पताल में भर्ती करावल बा।

लोग आपन जान बचावे खातिर इधर-उधर भागत रहे

मंदिर में मौजूद श्रद्धालु लोग बतवले कि सिद्धेश्वर नाथ मंदिर में अतवार के रात से भक्तन के भीड़ लागल बा। इs भगदड़ रात के करीब 1 बजे भईल। मंदिर में मौजूद सभ लोग आपन जान बचावे खातीर इधर-उधर भागे लगले, फेर दर्जनों लोग मंदिर परिसर में गिर गईले अवुरी गंभीर रूप से घाही हो गईले।

मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला

भगदड़ के बीच भक्त उनुका ऊपर से गुजरत रहले.एकरा चलते महिला समेत बहुत भक्त के मौका पs मउत हो गईल। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल जा रहल बा आ ओकर इलाज हो रहल बा। बतावल जात बा कि भगदड़ से मरे वालन के गिनिती अउरी बढ़ सकेला.

Tags :
Advertisement