टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

झारखंड वीमेंस एशियन चैंपियन्स ट्रॉफी: 27 अक्टूबर के सांझ चार बजे होई पहिला मैच, प्रतियोगिता में कुल 20 मैच

01:07 PM Oct 25, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

राजधानी रांची के मोरहाबादी इस्थित मरांग गोमके जयपाल सिंह मुंडा एस्ट्रोटर्फ स्टेडियम में 27 अक्टूबर से झारखंड वीमेंस एशियन चैंपियन्स ट्रॉफी के सुरुआत हो रहल बा। ई चैंपियनशिप पांच नवंबर तक चली। हॉकी फेडरेशन ऑफ इंडिया के ओर से एह प्रतियोगिता के शेड्यूल जारी कइल गइल बा। जारी शेड्यूल के मोताबिक एह प्रतियोगिता में कुल 20 मैच खेलल जाई।

Advertisement

जेमे 27 अक्टूबर से लेके दु नवंबर तक अलग-अलग देसन के टीम के बीच मैच होई। रांची में सब मैच एके पूल में खेलल जाई। पहिला मैच सांझ के चार बजे, दूसरका मैच सांझ के 6.15 बजे आ तीसरा मैच सांझ के 8.30 बजे खेलल जाई। हर दिन तीन मैच खेलल जाई।

पांच नवंबर के होई फाइनल मैच

झारखंड वीमेंस एशियन चैंपियन्स ट्रॉफी के फाइनल मैच पांच नवंबर के खेलल जाई। एकरा पहिले चार नवंबर के अलग-अलग पूल के सेमीफाइनल मैच होई। पांच नवंबर के सांझ 6.00 बजे Loser SF 1 आ Loser SF 2 के बीच मैच होई। एकरा बाद सांझ 8.30 बजे Winner SF1 बनाम Winner SF 2 मैच खेलल जाई।

ई टीम ले रहल बाड़ी सs हिस्सा

ऐसा है मैच के पूरा शेड्यूल

27 अक्टूबर 2023

28 अक्टूबर 2023

29 अक्टूबर 2023 : रेस्ट डे

30 अक्टूबर 2023

31 अक्टूबर 2023

01 नवंबर 2023 : रेस्ट डे

02 नवंबर 2023

03 नवंबर 2023 : रेस्ट डे

04 नवंबर 2023

05 नवंबर 2023

इहां से मिली स्टेडियम में प्रवेश

गेट नंबर 1 : टीओपी के तरफ से खिलाङी, हॉकी इंडिया के तकनीकी पदाधिकारी आ ब्रॉडकास्ट के प्रवेश होई।

गेट नंबर 2 : स्टेडियम के मुख्य प्रवेश द्वार से वीवीआईपी, मीडिया आ निमंत्रण कार्डधारी दर्शकन के प्रवेश होई। एह गेट से खाली वीवीआईपी वाहन के प्रवेश होई आ अतिथियन के स्टेडियम के पोर्टिको पs उतार के वाहन स्टेडियम के अंदर पार्किंग स्थल पs पार्क कइल जाई। प्रशासनिक आ पुलिस पदाधिकारी के प्रवेश एही गेट से होई। वीआईपी पार्किंग के बेवस्था मोराबादी मैदान में स्टेज के पीछे के स्थान पs होई।

गेट नंबर 3 : बापू वाटिका के सामने से सामान्य दर्शकन के प्रवेश होई। दर्शकन खातिर वाहन पार्किंग के बेवस्था फुटबॉल स्टेडियम आ मोराबादी मैदान के बीच के स्थान पs होई।

गेट नंबर 4 : प्रेस क्लब के बगल में करमटोली चौक के ओर से सामान्य दर्शकन के प्रवेश होई। दर्शकन खातिर वाहन पार्किंग के बेवस्था आईएमए भवन पार्किंग स्थल आ करमटोली तालाब अखाड़ा में होई।

इहों जानीं : स्टेडियम में दर्शकन के भर गइला पs गेट नंबर 3 आ 4 से दर्शकन के प्रवेश बंद कs दिहल जाई। इच्छुक दर्शक मोराबादी मैदान आ फुटबॉल स्टेडियम के एलईडी स्क्रीन पs मैच के लाइव प्रसारण देख सकी लो। मैदान आ फुटबॉल स्टेडियम में जवन दर्शक एलईडी स्क्रीन पs मैच देखी लो। उनका वाहन पार्किंग के बेवस्था ऑक्सीजन पार्क के ओर मोराबादी मैदान में होई।

Tags :
Bhojpuri Newsfield hockeyJharkhand Women's Hockey ChampionshipRanchi NewsWomen's Hockey
Advertisement
Next Article